Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

डेंगू पर CMO के बयान: बोललें- प्लेटलेट्स कम होखल खाली डेंगू के संकेत नाइ ज, 10 हजार से कम न होखे प्लेटलेट्स

2,478
Google Ads 300*250 for posts

प्लेटलेट्स कम होखल डेंगू के ही लक्षण नाइ ह। डेंगू पीड़ित मान के घबराईं नाइ, बलुक जांच करा के इलाज कराईं। स्वास्थ्य विभाग डेंगू से बचाव के ले के लोेग के जागरूक कs रहल बा। सीएमओ डॉ. संदीप चौधरी के अनुसार, अगर प्लेटलेट्स काउंट 10 हजार से कम न होखे त उनके प्लेटलेट्स चढ़ावे के जरूरत नाइ पड़ी। दवाई से रिकवर हो जाई।

सीएमओ कहलें कि प्लेटलेट्स कम होइतही लोग घबरा जाला अउर मरीज के डेंगू माने लागेला। टाइफाइड, वायरल फीवर समेत अन्य कई बीमारियन में भी प्लेटलेट्स तेजी से घटsला। डेंगू के पुष्टि खातिर एलाइजा जांच जरूरी बा। बगैर एलाइजा जांच करवले कौनो भी मरीज के डेंगू से पीड़ित घोषित नाइ करे के चाहीं।

जिला मलेरिया अधिकारी शरतचंद्र पांडेय बतवलें कि जुलाई 2022 से अब ले जिला में डेंगू के 9195 संदिग्ध मरीजन के सैंपल लिहल गइल। एहमें 230 मरी में डेंगू के पुष्टि भइल रहे। बाकी मरीजन में प्लेटलेट्स त कम मिलल, लेकिन उनके डेंगू नाइ रहल।

366610cookie-checkडेंगू पर CMO के बयान: बोललें- प्लेटलेट्स कम होखल खाली डेंगू के संकेत नाइ ज, 10 हजार से कम न होखे प्लेटलेट्स

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.