[the_ad_group id="30365"]

Dengue in Bihar: ठंड बढ़ला के बादो कम ना भइल डेंगू के कहर, आइसीयू में एडमिट भइलें दु मरीज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Dengue in Bihar: बिहार में डेंगू के कहर जारी बा। राजधानी पटना के संगे राज्य के आउर जिलन के हालत बहुते दयनीय बा। चिकित्सकन के अनुमान के विपरीत ठंड बढ़ला के बादो डेंगू के ममिलन में कमी नइखे आइल। बतावल जा रहल बा कि सारण में दीवाली तक जहां दु गो मरीज भर्ती रह लो, अब अचानक संख्या बढ़ गइल बा। दु के गंभीर अवस्था में सदर अस्पताल के आइसीयू में शिफ्ट कइल गइल बा। जबकि तीन गो डेंगू पीड़ित के इलाज डेंगू वार्ड में कइल जा रहल बा। ओहिजा एगो मरीज के सोमार के अस्पताल से छुट्टी दे दिहल गइल।

सिविल सर्जन डॉ सागर दुलार सिन्हा कहलें कि एह समय बहुते सतर्कता बरतला के जरूरत बा। जिला में लगातार बढ़त डेंगू पीड़ित मरीजन के संख्या के देख स्वास्थ्य विभाग अलर्ट जारी कइले बा। जिला के सब प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्रन के उहां आइल डेंगू लक्षण वाला मरीजन के जानकारी सदर अस्पताल के मुहैया करावे के बात कहल गइल बा। जवना से शुरुआती अवस्था में पीड़ितन के सही इलाज कइल जा सके।

डेंगू की आशंका से ग्रसित 20 से 25 मरीज रोजाना सदर अस्पताल के ओपीडी में बनल जांच घर में पहुंच रहल बा लो। ओहजा जिला के निजी नर्सिंग होम आ निजी लैबन में जांच खातिर मरीजन के आवे के सिलसिला जारी बा। सदर अस्पताल के प्रबंधक राजेश्वर प्रसाद बतवलें कि सोमार के 13 मरीज डेंगू के आशंका के बाद जांच करावल लो। ओइसे सब मरीजन के पहिले ओपीडी में रेफर कइल गइल रहे। जहां चिकित्सक से निरदेस मिलला के बाद जांच कइल गइल। सबेरे 10 बजे तक जवना मरीजन के जांच हो जा रहल बा, ओकर दुपहरिया में तीन से चार बजे तक रिपोर्ट मिल जा रहल बा। ओहिज सेकेंड शिफ्ट में एक बजे के बाद जांच करावे वालन के अगिला दिन रिपोर्ट दिहल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]