Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर शहर में आज सीएम के रवि किशन के पक्ष में रोड शो: बदलल रही ट्रैफिक व्यवस्था, रूट प्लान देखके निकलीं 

79
Google Ads 300*250 for posts

गोरखपुर शहर में आज शाम में ट्रैफिक व्यवस्था बदलल रही। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आज बीजेपी प्रत्याशी रवि किशन के पक्ष में रोड शो करिहें। उनकर रोड शो टाउनहाल चौराहा से सुरू होई, जवन घोष कंपनी, ​रेती रोड, नखास, बक्शीपुर, अग्रसेन तिराहा, अली नगर से होत विजय चौक तक जाई।

अइसन में एह दौरान सांझ चार बजे से रोड शो खत्म होखे तक एह रूटन पs ट्रैफिक डायवर्जन रही। एह रूट पs सब तरे के के वाहन पूरा तरे प्रतिबंधित रही। जबकि, एह रूट पs चले वाला गाड़ियन के आउर रूट से डायवर्ट कs ओकनी के गंतव्य तक भेजल जाई।

एह रास्तन पs रही डायवर्जन

  • कचहरी चौराहा से टाउनहाल के तरे सब प्रकार के वाहन रोड-शो खत्म होखे तक डायवर्ट कइल जाई। ई वाहन शास्त्री चौराहा होके अपना गंतव्य के ओर जइहें सs।
  • कचहरी चौराहा से टाउनहाल होके अग्रसेन तिराहा के ओर जाये वाला सब तरे के वाहन रोड शो खत्म होखे तक डायवर्ट कइल जाई। ई वाहन गोलघर चौराहा होके अपना गंतव्य के ओर जइहें सs।
  • घोष कंपनी चौराहा से टाउन हाल के ओर सब तरे के वाहन डायवर्ट रही। ई वाहन घोष कंपनी चौराहा से शास्त्री चौराहा के तरफ डायवर्ट कइल जइहें सs।
  • शास्त्री चौराहा से घोष कंपनी होके सदर अस्पताल जाये वाला वाहनन के छोड़के सब तरे के वाहन डायवर्ट कइल जाई। ई वाहन बेतियाहाता होके अपना गंतव्य के ओर जइहें सs।
  • घंटाघर चौराहा से शाहमारूफ तिराहा आ रेती चौराहा के रोड शो खत्म होखे तs डायवर्ट रहिहें सs। ई वाहन मदरसा चौक होत अपना गंतव्य के ओर जइहें सs।
  • लालडिग्गी से रेती चौराहा के रोड शो खत्म होखे तक सब प्रकार के वाहन डायवर्ट रहिहें सs। ई वाहन मदरसा चौक/साहबगंज होत अपना गंतव्य के ओर जइहें सs।
  • खुनीपुर से नखास के ओर रोड शो खत्म होखे तक सब तरे के वाहन डायवर्ट रहिहें सs। ई वाहन साहबगंज के तरफ डायवर्ट कइल जइहें सs
  • बक्शीपुर से नखास चौक के ओर रोड शो खत्म होखे तक सब तरे के वाहन डायवर्ट रहिहें सs। ई वाहन चौरहिया गोला होत अपना गंतव्य के ओर जइहें सs।
  • अलीनगर चौराहा/थवई के पुल से बक्शीपुर के ओर रोड शो खत्म होखे तक सब तरे के वाहन प्रतिबंधित रहिहें सs। ई वाहन चरनलाल चौक होत अपना गंतव्य के ओर जइहें सs।
  • अग्रसेन तिराहा/जुबली तिराहा से बक्शीपुर चौराहा के ओर रोड शो खत्म होखे तक सब तरे के वाहन डायवर्ट रहिहें सs। ई वाहन टाउनहाल होके अपना गंतव्य के ओर जइहें सs।
  • टाउनहाल तिराहा से अग्रसेन तिराहा के ओर रोड शो खत्म होखे तक सब तरे के वाहन डायवर्ट रहिहें सs। ई वाहन कचहरी चौराहा होके अपना गंतव्य के ओर जइहें सs।
  • विजय चौराहा से अग्रसेन तिराहा के ओर रोड शो खत्म होने तक सब तरे के वाहन प्रतिबंधित रहिहें सs। ई वाहन अलीनगर/सुमेर सागर होके अपना गंतव्य के ओर जइहें सs।
  • सुमेर सागर तिराहा/गोलघर चौराहा से विजय चौराहा के ओर रोड शो खत्म होखे तक सब तरे के वाहन प्रतिबंधित रहिहें सs। ई वाहन धर्मशाला चौक, जटाशंकर तिराहा होके अपना गंतव्य के ओर जइहें सs।

इहां होई पार्किंग व्यवस्थ

VIP वाहनन के पार्किंग कचहरी क्लब में पार्क होई। आउर वाहनन के पार्किंग कलक्ट्रेट परिसर, महराणा प्रताप इंटर कालेज आ गोलघर रोड के दुनो ओर होई।

इहां होई बसन के पार्किंग

  • असुरन आ बरगदवा के तरफ जाये वाला बस काली मंदिर तिराहा पs सवारी उतारके कार्मल रोड पs पार्क होइहें सs।
  • मोहददीपुर के तरफ से आवे वाला बसे हरिओम नगर पs सवारी उतारके सिविल लाइन आ पुराना आरटीओ रोड पs पार्क होइहें सs।
  • टीपी नगर के तरफ से आये वालो बस शास्त्री चौराहा पs सवारी उतारके शास्त्री रोड के दुनो ओर पार्क होइहें सs।
846270cookie-checkगोरखपुर शहर में आज सीएम के रवि किशन के पक्ष में रोड शो: बदलल रही ट्रैफिक व्यवस्था, रूट प्लान देखके निकलीं 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.