[the_ad_group id="30365"]

लइकी CA लइका के Date कऽ के कर देलस सबसे बड़ गलती, ब्रेकअप के बाद लइका भेज देलस एक – एक पाई के हिसाब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट काफी वायरल हो रहल बा जवना के देखला के बाद रउआ आपन माथ धऽ के बइठ जाइब। वायरल पोस्ट में एगो CA लइका के बारे में बतावल गइल बा जवन ब्रेकअप के बाद अपना एक्स के खरचा के एक – एक पाई के हिसाबे भेज देलस।

सोशल मीडिया पs कवना दिने का दिख जाव, केहू एकर पहिले से अंदाजा नइखे लगा सकत। हर दिन कुछ ना कुछ वायरल होता आ कबो-कबो तऽ कुछ अइसन पोस्ट लउक जाला जवना के देखला के बाद इंसान पहिले हैरान होला आ फेर ओकरा बाद जमके हंसेला। अबही एगो अइसने पोस्ट वायरल हो रहल बा। पोस्ट में एगो लइका के बारे में बतावल गइल बा जवन पेशा से CA हऽ। उऽ ब्रेकअप के बाद जवन काम कइले बा, ओकर उम्मीद शायदे केहू कइले होई। तऽ आई जानल जाव पूरा बात।

पोस्ट सोशल मीडिया पऽ भइल वायरल

एक्स (पहले ट्विटर) पs @sehahaj नांव के अकाउंट से एगो पोस्ट शेयर कइल गइल बा जवन वायरल हो रहल बा। लइकी पोस्ट के सबसे ऊपर लिखले बिया, ‘CA में C के माने चिंदी चोर होला।’ एकरा बाद लइकी लिखले बिया, ‘ हमार रूममेट एक बार आदित्य नांव के एगो CA के डेट कइले रहे आ उऽ अपना रिश्ता के दौरान कइल गइल सब खरच के एगो एक्सेल शीट भेज देलस। सब कुछ ठीक रहे बाकिर उऽ एह बात से नफरत करेले कि लइका ओ घरी दुनु के बीच खरच के कइसे संभालत रहे। बिल त स्प्लिट करवावते रहे, गिफ्ट COD पs भेजत रहे ओकरा के। एहिसे जब ब्रेकअप भइल, तऽ उऽ अपना सब खरचा के एगो एक्सेल शीट भेजलस जवना में 18% टैक्स के साथे ओकरा जन्मदिन के गिफ्ट शामिल रहे। लइका आधा इंडी मिंट के पइसा के हिसाब लगा के रखले बा।’

एह पोस्ट में कुछ तस्वीर बा, जवना के रउआ सभे देखले होखब। जदि नइखी देखले तऽ जरूर देखी। काहेकि पहिला तस्वीर के आखिर में कुछ मजेदार बात लिखल गइल बा। लइका तीन बात लिखले बा जवना में दूसरका नंबर पs लिखल गइल लाइन काफी मजेदार बा। लइका लिखले बा, ‘EMI के ऑप्शनो मौजूद बा, हर महीना 4% इंटरेस्ट के साथे’। आखिरी लाइन में उऽ लिखले बा कि तोहरा के जान के अच्छा लागल।

लोग का कहलस?

एह पोस्ट के देखला के बाद कई लोग आपन रिएक्शन देलस। एगो यूजर लिखले- भाई 4% ब्याज के साथे EMI के ऑप्शन देले बा, हम तऽ नइखी कर सकत। दूसरका यूजर लिखले- भाई रिलेशनशीप के बिजनेस समझ लेलस। तीसरका यूजर लिखले- भाई gpay के ऑप्शनो शामिल करे के चाहत रहे, अतना कैश लेके के घूमेला। ओहिजा एगो यूजर लिखले- भाई इंवेस्टमेंट पs रिटर्न के कॉन्सेप्ट के तनि ढेर गंभीरता से ले लेलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]