Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी में भाजपा के करारा झटका के बाद सीएम योगी के पहिला रिएक्शन, मोदी के लेके कहले ई बात…

54
Google Ads 300*250 for posts

Lok Sabha Election Chunav 2024 मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ केंद्र में एनडीए के तीसरका बेर सरकार बनला पs जनता जनार्दन के आभार जतवले। उऽ इंटरनेट मीडिया एक्स पs लिखले…भारत के जनता-जनार्दन लगातार तीसरका बेर एनडीए के स्पष्ट बहुमत प्रदान कइले बा। ई प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के नीति नेतृत्व आ निर्णयों पs देश के जनता के विश्वास के मोहर हऽ।

अरुणाचल प्रदेश, ओडिशा आ आंध्र प्रदेश में एनडीए के पूर्ण बहुमत का जनादेश प्राप्त भइल बा। ई प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के नीति, नेतृत्व आ निर्णय पs देश के जनता के विश्वास के मोहर हऽ। सब विजयी प्रत्याशियन के हार्दिक बधाई। परिवार भाव के साथे जुटल भाजपा-एनडीए गठबंधन के सब कर्मठ कार्यकर्ता, पदाधिकारियन के धन्यवाद आ जनता-जनार्दन के आभार। भारत माता की जय…।’

समाजवादी पार्टी आ कांग्रेस के गठबंधन उत्तर प्रदेश के 80 संसदीय सीटन के चुनाव में भाजपा के स्तब्ध कऽ देलस। गठबंधन कमाल के प्रदर्शन करत 80 में से 43 सीटें जीत लेले जबकि भाजपा के 33 सीट मिल सकल।

भाजपा के सहयोगी रालोद दू आ अपना दल एगो सीट जीतल। आजाद समाज पार्टी (कांशीराम) के एगो सीट मिलल बा। 2014 के जइसे बसपा के एह बेर खतो नइखे खुलल। प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी वाराणसी से लगातार तीसरका बेर जीत गइल बाड़े, जबकि राहुल गांधी रायबरेली आ अखिलेश यादव कन्नौज से जीत हासिल कइले।

केंद्र सरकार के सात मंत्री चुनाव हार गइल बाड़े, जवना में स्मृति इरानी शामिल बाड़ी। भाजपा अपना 47 सांसदन के फेर से टिकट देले रहे, एमें से 26 चुनाव हार गइले। प्रदेश में मतगणना के शुरुआत होखे के दू घंटा के भीतरे ई साफ हो गइल कि सपा-कांग्रेस गठबंधन भाजपा के जबरदस्त टक्कर देवे जा रहल बा।

कुछे देर में रुझानन से तस्वीर स्पष्ट होखल शुरू हो गइल आ कई उलटफेर देखे के मिलल। मोदी सरकार के मंत्रियन में महिला, बाल विकास आ अल्पसंख्यक कार्य मंत्री स्मृति इरानी, गृह राज्यमंत्री अजय मिश्र टेनी, भारी उद्योग आ सार्वजनिक उद्यम मंत्री महेन्द्र नाथ पांडेय, एमएसएमई राज्यमंत्री भानु प्रताप वर्मा, आवास एवं शहरी राज्यमंत्री कौशल किशोर, फतेहपुर से ग्रामीण विकास राज्यमंत्री साध्वी निरंजन ज्योति, पशुपालन डेयरी आ मत्स्य पालन राज्यमंत्री डा. संजीव कुमार बालियान अपना प्रतिद्वंद्वियन से चुनाव हार गइले।

 

855920cookie-checkयूपी में भाजपा के करारा झटका के बाद सीएम योगी के पहिला रिएक्शन, मोदी के लेके कहले ई बात…

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.