अयोध्या से BJP के हरले पs महंत राजूदास के आइल बयान, कहले- अच्छा भइल रामजी बंदर आ भालुअन के….

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 5, 2024

  लोकसभा चुनाव के नतीजा घोषित हो चुकल बा। यूपी में एह चुनाव में भाजपा के बड़हन झटका लागल बा. राम मंदिर के मुद्दा पs भाजपा सत्ता में आईल, बाकिर अयोध्या सीट से चुनाव हार

Share

 

लोकसभा चुनाव के नतीजा घोषित हो चुकल बा। यूपी में एह चुनाव में भाजपा के बड़हन झटका लागल बा. राम मंदिर के मुद्दा पs भाजपा सत्ता में आईल, बाकिर अयोध्या सीट से चुनाव हार गईल। अयोध्या से समाजवादी पार्टी जीत गइल बा.

अयोध्या में समाजवादी पार्टी के उम्मीदवार अवधेश प्रसाद 54567 वोट से जीत हासिल कइले बाड़न. उनुका कुल 5,54,289 वोट मिलल। जबकि भाजपा उम्मीदवार लल्लू सिंह के 4,99,722 वोट मिलल। बसपा के सच्चिदानंद पांडे तीसरका स्थान पs रहले, उनका 46,407 वोट मिलल।

महंत राजूदास का कहले?

हनुमान गढ़ी के महंत राजूदास एक्स हैंडल पs पोस्ट कईले कि, ‘नीमन बा कि रामायण में रामजी रावण से लड़े खातीर सिर्फ बानर-भालू ले गईले! अगर उs अयोध्या के लोग के ले गईल रहते तs सोना के लंका के चक्कर में रावण से समझौता कs लेते।

अखिलेश यादव के भविष्यवाणी सही साबित भइल

सपा प्रमुख अखिलेश यादव अयोध्या में सपा उम्मीदवार अवधेश प्रसाद के जीत के अंदाजा लगा चुकल रहले। अखिलेश चुनाव प्रचार के दौरान ही कहले रहले कि सपा के उम्मीदवार (अवधेश प्रसाद) अब विधायक से सांसद बने वाला बाड़े।

एह घटना के वीडियो सोशल मीडिया पs भी वायरल हो गइल बा। असल में चुनाव प्रचार के दौरान अखिलेश यादव अवधेश प्रसाद के पक्ष में प्रचार करे अयोध्या गईल रहले। एs दौरान उs मंच से अवधेश प्रसाद के देख के पूर्व विधायक कहले। हालांकि बाद में अखिलेश आपन चिंता शांत करत कहले कि पूर्व विधायक इs बात एहसे कहले कि अब आप विधायक ना रहब, अब आप सांसद बने वाला बानी।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.