Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आजु अलीगढ़ अइहें सीएम योगी, 406 करोड़ के 59 परियोजना के करिहें लोकार्पण-शिलान्यास

651
प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शनिचर के दू दिन के प्रवास पर अलीगढ़ पहुंचिहें। ऊ शहर में करीब 18 घंटे ले रुकिहें।। मुख्यमंत्री हैबिटेट सेंटर समेत 406 करोड़ के 59 परियोजना के लोकार्पण अउर शिलान्यास करिहें।
ऊ मुरादाबाद से हेलीकॉप्टर से लोधा आईटीएम कॉलेज ग्राउंड पहुंचिहें इहां निर्मांणाधीन राजा महेंद्र प्रताप सिंह राज्य विश्वविद्यालय के जायजा लीहें। एकरे बाद हेलीकॉप्टर से 38वीं वाहिनी पीएसी ग्राउंड पहुंचिहें। कमिश्नरी में विकास कार्य अउर कानून व्यवस्था के समीक्षा करिहें। क्षेत्रीय जनप्रतिनिधियन से भी संवाद करिहें।
एकरे बाद लाल डिग्गी स्थित नगर निगम के हैबिटेट सेंटर में गंगा नदी पर बने सांकरा पुल, वाणिज्य कर कार्यालय, अलहदादपुर स्थित स्टेडियम आदि समेत कई परियोजना के लोकार्पण अउर शिलान्यास करिहें। इहां सरकारी योजना से लाभान्वित 200 लाभार्थियन से रूबरू होइहें। विभिन्न क्षेत्र में उल्लेखनीय कार्य करे वाले व्यक्तियन के सम्मानित करिहें। मुख्यमंत्री शहर के भ्रमण पर भी रहिहें अउर विकास कार्य के निरीक्षण भी कs सकतने। रात में सर्किट हाउस में विश्राम करिहें। अगले दिन अतवार के एटा रवाना होइहें। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के दौरा के ले के पूर्व संध्या पर शुक्क के देर रात तक प्रशासनिक तैयारी चलत रहे।
मुख्यमंत्री के कार्यक्रम के देखत सब तैयारी पूरा कs लेहल गइल बा। मुख्यमंत्री दू दिवसीय प्रवास पर विकास कार्य के जायजा लेहलें के साथ ही जिला के कई महत्वपूर्ण योजना के लोकार्पण अउर शिलान्यास करिहें। – इंद्र विक्रम सिंह, डीएम

मुख्यमंत्री के मिनट टू मिनट कार्यक्रम 

– साँझ 03:45 बजे राजा महेंद्र प्रताप सिंह विश्वविद्यालय के निर्माणाधीन भवन के जायजा
– साँझ 04:15 बजे हेलीकॉप्टर से 38वीं वाहिनी पीएसी ग्राउंड पहुंचिहें
–  साँझ 04:20 बजे कमिश्नरी स्थित सर्किट हाउस पहुंचिहें
– साँझ 04:25 बजे जनप्रतिनिधियन एवं पार्टी पदाधिकारियन के साथ बैठक
– साँझ 04: 40 बजे कानून व्यवस्था अउरी विकास कार्यों को लेकर समीक्षा बैठक
– साँझ 05:30 बजे हैबिटेट सेंटर में शिलान्यास अउर लोकार्पण, लाभार्थियन के प्रमाण पत्र वितरण
– साँझ 06: 20 बजे सर्किट हाउस प्रस्थान
– साँझ 06:20 से 06:45 बजे तक स्थानीय भ्रमण
– साँझ 07 बजे से प्रबुद्धजनों के साथ बैठक करिहें।
– अतवार सुबह साढ़े नौ बजे एटा मलावन के प्रस्थान

खास बात

– 406 करोड़ के 59 योजना के लोकार्पण अउर शिलान्यास
– 362 करोड़ रुपया के 53 परियोजना
– 43.87 करोड़ रुपया के पांच परियोजना

प्रस्तावित योजना के लोकार्पण

योजना के नाम                           कुल लागत
हैबिटेट सेंटर                               78.66 करोड़
सांकरा गंगा घाट मिठ्ठनपुर पुल        60.12 करोड़
अलहदादपुर स्पोट्र्स स्टेडियम         6.10 करोड़
वाणिज्य कर कार्यालय                     30.48 करोड़
सहनोल, गोधा आ कलाई छात्रावास      5.10 करोड़
गोधा थानाक में आवासीय भवन              6.95 करोड़
हरदोई आ गभाना पशुचिकित्सालय        0.8 करोड़
सुबकरा गो संरक्षण केंद्र                   1.20 करोड़

356240cookie-checkआजु अलीगढ़ अइहें सीएम योगी, 406 करोड़ के 59 परियोजना के करिहें लोकार्पण-शिलान्यास

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.