CM योगी सुनलें 700 लोगन के समस्या: बोललें- जरूरतमंदन के हर हाल में बनवाई आयुष्मान कार्ड, गंभीर बेमारियन के इलाज में दिहल जाई आर्थिक सहायता

Anurag Ranjan
मुख्यमंत्री कहलें कि अधिकारी जिला स्तर पs समस्या के समाधान सुनिश्चित करे लो ताकि लोगन के परेसान ना होखे के पड़े।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बियफे के सबेरे गोरखनाथ मंदिर में जनता दरबार लगवलें। एह दौरान ऊ 700 लोगन के समस्यन के सुनलें। फरियादियन के शिकायत पs सीएम अफसरन के निरदेसित कइलें बाड़ें कि जवन जरूरतमंद आयुष्मान हेल्थ कार्ड से वंचित रह गइल बा लो, ओह लोगन के कार्ड प्राथमिकता के आधार पs बनवावल जाई। जन स्वास्थ के रक्षा हमनी के दायित्व हs एहिसे केहू के इलाज में धन के बाधा ना आवे के चाहीं।

जेकर आयुष्मान कार्ड नइखे बन पाइल बा, ओकर इलाज खातिर मेडिकल कॉलेज में बेहतर बेवस्था बनावल जाव आ एकरा बादो जरूरत पड़ी तs हायर सेंटर में इलाज खातिर इस्टीमेट बनवाके शासन के उपलब्ध करावे। इस्टीमेट मिलतही इलाज खातिर मुख्यमंत्री विवेकाधीन कोष से भरपूर आर्थिक सहायता राशि जारी कइल जाई।

जनता दर्शन में आपन समस्या लेके करीब 700 लोग पहुंचल रहे।

सीएम मदद के दिलवले भरोसा

सबेरे गोरखनाथ मंदिर के महंत दिग्विजयनाथ स्मृति भवन के बाहर आयोजित जनता दर्शन में आपन समस्या लेके करीब 700 लोग पहुंचल रहे। कुर्सियन पs बइठावल गइल लोगन तक मुख्यमंत्री खुद पहुंचलें आ बड़ इत्मीनान से ओह लोगन के बात सुनला के बाद ओह लोग के प्रार्थना पत्रन के संबंधित अधिकारियन के सउपत कार्रवाई के निरदेस देलें। मुख्यमंत्री सब लोगन के भरोसा दिलवलें कि सभकर पीड़ा दूर कइल जाई। जनता दर्शन में दोसरो जिलन के लोग आइल रहे।

इलाज खातिर मांगल लोग मदद

एह दौरान गंभीर बेमारियन के इलाज खातिर आर्थिक सहायता के गुहार लेके आइल लोगन के मुख्यमंत्री आश्वस्त कइलें कि इलाज में धन के कमी ना होखे दिहल जाई। संबंधित अस्पताल से इस्टीमेट लेके प्रक्रिया पूरा करत मुख्यमंत्री कार्यालय के उपलब्ध करावल जाई। विवेकाधीन कोष से तत्काल सहायता राशि जारी करा दिहल जाई। ऊ अधिकारियन के निरदेसित कइलें कि इस्टीमेट के प्रक्रिया के प्राथमिकता पs पूर्ण करावल जाये।

मुख्यमंत्री कहलें कि अधिकारी जिला स्तर पs समस्या के समाधान सुनिश्चित करे लो ताकि लोगन के परेसान ना होखे के पड़े।

शिकायतन के निस्तारण में लापरवाही बर्दाश्त ना

ओहिजा, पुलिस आ राजस्व से जुड़ल शिकायतन पs मुख्यमंत्री कहलें कि अधिकारी जिला स्तर पs समस्या के समाधान सुनिश्चित करे लो ताकि लोगन के परेसान ना होखे के पड़े। ऊ दु टूक हिदायत देत कहलें कि जनसमस्यन के निस्तारण में हीला हवाली अक्षम्य होई।

हर व्यक्ति के समस्या के पूरा प्रतिबद्धता आ पारदर्शिता से न्यायोचित समाधान शासन-प्रशासन के सर्वोच्च प्राथमिकता होला आ एमे केहूओ लापरवाही कइल तs ओकरा दंड के भागी बने के पड़ी। एहिसे अधिकारी संवेदनशीलता से लोगन के समस्यन के सुने आ गुणवत्तापूर्ण, त्वरित समाधान सुनिश्चित करे लो।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मंदिर के गोशाला पहुंचलें आ गोसेवा कइलें।

सीएम कइलें गोसेवा, गोवंश के खिलवले गुड़

गोरखनाथ मंदिर प्रवास के दौरान बियफे के सबेरे मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मंदिर के गोशाला पहुंचलें आ गोसेवा कइलें। ऊ बड़ी स्नेह से गोवंश के ओह लोगन के नाम से पुकरलें तs गोवंश दउड़त उनका लगे चले आइल लो। सीएम गोवंश के माथा सहलाके दुलरले आ अपना हाथन से गुड़ खिलवलें।

साभार: दैनिक भास्कर

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।