CM Yogi in Gorakhpur: आज गोरखपुर अइहें मुख्यमंत्री, करिहें समीक्षा, इहाँ जानीं पूरा शेड्यू्ल

Share

CM Yogi in Gorakhpur: उत्‍तर प्रदेश के मुखिया योगी आदित्‍यनाथ आज अपना शहर गोरखपुर में आवे वाला बाड़े। इहाँ आवते उऽ कई कार्यक्रम में हिस्‍सा लेवे वाला बाड़न। मुख्यमंत्री सुबह करीब 10 बजे सर्किट हाउस पहुंचिहें। सबसे पहिले उऽ चिड़ियाघर जइहें। उहाँ बब्बर शेर भरत आ शेरनी गौरी के बाड़े में छोड़िहे । ओकरा बाद भोरे 11 बजे से एनेक्सी भवन सभागार में अधिकारियन के साथे विकास कार्यों के समीक्षा करिहें।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शनिचर के भोरे गोरखपुर अइहें। उऽ चिड़ियाघर में आयोजित कार्यक्रम में भाग लिहें। ओकरा बाद अधिकारियन के साथे बैठक कऽ के विकास कार्यन के समीक्षा करिहें। मुख्यमंत्री अलगा – अलगा विकास कार्यन के निरीक्षणों करिहें।

मुख्यमंत्री भोरे करीब 10 बजे सर्किट हाउस पहुंचिहें।सबसे पहिले उऽ चिड़ियाघर अइहें। उहाँ बब्बर शेर भरत आ शेरनी गौरी के बाड़े में छोड़िहें। ओकरा बाद सुबह 11 बजे से एनेक्सी भवन सभागार में अधिकारियन के साथे विकास कार्यन के समीक्षा करिहें।

बइठक के बाद नौकायन से देवरिया बाईपास तक बन रहल फोरलेन के निरीक्षण करिहें। मुख्यमंत्री देवरिया साथही बाईपास के चौड़ीकरण कार्य के निरीक्षण करिहें।

मुख्यमंत्री एकरा बाद गोरखनाथ मंदिर जइहें। दुपहरिया के बाद जेल बाईपास रोड, गोड़धोइया नाला, खजांची ओवरब्रिज आ नकहा रेल ओवरब्रिज के प्रगतियो के निरीक्षण करिहें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-