लखनऊ मंडल में सब-वे निर्माण के लेके यातायात ब्लॉक: छपरा से चले वाली कइयन ट्रेन प्रभावित, देखीं गाड़ियन के सूची

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 15, 2024

छपरा। पूर्वोत्तर रेलवे के ओर से अपना मूलभूत संरचना में सुधार खातिर लगातार काम कइल जा रहल बा। जवना से यात्रियन के यात्रा के सरल, सुलभ आ सुगम बनावल जा सके। एही क्रम में पूर्वोत्तर

Share

छपरा। पूर्वोत्तर रेलवे के ओर से अपना मूलभूत संरचना में सुधार खातिर लगातार काम कइल जा रहल बा। जवना से यात्रियन के यात्रा के सरल, सुलभ आ सुगम बनावल जा सके। एही क्रम में पूर्वोत्तर रेलवे के लखनऊ मंडल के गोण्डा-बस्ती रेल खंड पs इस्थित टिनिच-गोविन्दनगर स्टेशन के बीच सीमित ऊँचाई के सब-वे निर्माण खातिर ब्लॉक दिहल जाये के कारण गाड़ियन के नियंत्रण आ पुनर्निधारण कइल गइल बा।

एमे छपरा रूट से चले वाली कइयन ट्रेनन के संचालन प्रभावित रही। जवना के लेकर रेलवे के ओर से सूचना जारी कइल गइल बा। निश्चित अवधि के बाद सब ट्रेन अपना नीयत समय आ मार्ग से संचालित होखे लगिहें सs। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देलें बाड़ें।

नियंत्रण ट्रेनन के सूची

  • 15212 अमृतसर-दरभंगा एक्सप्रेस 15 आ 16 जून, 2024 के मार्ग में 15 मिनट आ 22 जून, 2024 के मार्ग में 75 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
  • 12522 एर्नाकुलम-बरौनी एक्सप्रेस 16 जून, 2024 के मार्ग में 30 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।

पुनर्निधारण ट्रेनन के सूची

  • 14010 आनन्द विहार टर्मिनस-बापूधाम मोतीहारी एक्सप्रेस 16 जून, 2024 के आनन्द विहार टर्मिनस से 90 मिनट पुनर्निधारित कs के चलावल जाई।
  • 22423 गोरखपुर-अमृतसर एक्सप्रेस 17 जून, 2024 गोरखपुर से 70 मिनट पुनर्निधारित कs के चलावल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.