[the_ad_group id="30365"]

उत्तर आ मध्य भारत में गरमी के कहर जारी, प्रयाग में पारा 46 के पार, जानीं मानसून कब दिलाई राहत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

देश के राजधानी दिल्ली आ उत्तर भारत के राज्यन में गरमी के तबाही जारी बा. बियफे के दिने प्रयागराज सबसे गरम शहर रहल जहाँ अधिकतम तापमान 46.9 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल. एकरा संगे दिल्ली से लेके बिहार, झारखंड, उत्तराखंड, हिमाचल प्रदेश अवुरी मध्य प्रदेश ले अधिकतम तापमान 45 डिग्री सेल्सियस के करीब रहल। अगिला कुछ दिन ले दिल्ली आ उत्तर भारत के राज्यन में अइसने मौसम बनल रहे के संभावना बा. हालांकि मध्य भारत के लोग के गरमी से राहत मिल सकता।

15 जून के छह राज्यन में मानसून आ सकेला. एकरा से इहाँ के लोग के गरमी से राहत मिल सकता। हालांकि अधिकांश राज्य में मानसून सिर्फ दक्षिणी हिस्सा में खटखटा रहल बा अवुरी एकरा के पूरा राज्य में फईले में कुछ समय लागी।

मध्य प्रदेश समेत पांच राज्यन में बारिश के पूर्वानुमान

मौसम विभाग के मुताविक 15 जून के गुजरात, मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़, झारखंड अवुरी बिहार में मानसून आ सकता। एकरा चलते एs सभ राज्य में बरखा के संभावना बा अवुरी गरमी से लोग के कुछ राहत मिल सकता। एह सगरी राज्यन में बियफे के दिने पारा के तापमान 45 डिग्री सेल्सियस के करीब रहुवे. मध्य प्रदेश के दक्षिणी भाग में मानसून खटखटा रहल बा। अयीसना में ग्वालियर जईसन शहर में गरमी से राहत पावे में अबे कुछ समय लाग सकता।

दिल्ली में कुछ राहत

राष्ट्रीय राजधानी में देर रात हल्का बरखा आ तेज हवा के चलते तापमान में गिरावट आइल. इहाँ बरखा के पूर्वानुमान पहिले से ही रहे। हवा के चलते बरखा से जादे पारा कम हो गईल। एहसे दिल्ली के जनता के कुछ राहत मिलल। हालांकि आवे वाला दिन में गरमी के लहर जारी रही। जून के अंत तक मानसून दिल्ली पहुंचे के संभावना बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]