मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ दू दिन के दौरा पर गोरखपुर आइल बानें शुक्क के बिहाने गोरखनाथ मंदिर के हिंदू सेवाश्रम में जनता दरबार लागल। मौका पर मौजूद अधिकारियन के सीएम निर्देश दिहलें कि सबके साथ न्याय होखे के चाहीं। जनता दर्शन में बड़ संख्या में जमीन-जायदाद अउरी इलाज के मामिला आइल। मुख्यमंत्री जनता दर्शन में मौजूद अधिकारियन के जमीन के समस्या के समाधान जल्दी से जल्दी करे के निर्देश दिहलें। सथही इलाज खातिर धन के मांग के लेके आइल लोग पर विशेष ध्यान देवे के कहलें। उ अधिकारियन से कहलें कि आगे बढ़ के ऊ ई सुनिश्चित करें कि कौनो भी व्यक्ति के इलाज धन के अभाव में रुके न पावे। बहुत से लोग जमीन के विवाद के मामिला ले के पहुंचल रहे। एकरे अलावा बहुत से इलाज खातिर धन देवे के सिफारिश करत रहलें। उ 100 से बेसी लोग के समस्या सुनलें।

शुक्क के बिहाने हमेशा के तरह तड़के अपने आवास से निकलला के बाद योगी सबसे पहिले गुरु गोरखनाथ के दरबार में हाजिरी लगवलें।

विधि-विधान के साथ वैदिक मंत्रोच्चार के बीच उनकर दर्शन-पूजन कइलें एकरे बाद उ अपने गुरु ब्रह्मलीन महंत अवेद्यनाथ के समाधि स्थल पर जा के माथा टेकलें।

मंदिर परिसर के भ्रमण अउर गोसेवा के बाद ऊ हिंदू सेवाश्रम गइलें, जहवाँ सुबह से ही अपने समस्या बतावे खातिर लोग उनकर अगोरा करत रहलें।

उहां आइल हर-एक के पास खुद पहुंच के उनकर प्रार्थना-पत्र लिहलें। प्रशासन से जुड़ल मामिला के समस्यात्मक आवेदन पत्र उ जिलाधिकारी कृष्णा करूणेश के दिहलें।
Post Views: 5