Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

तमिलनाडु के कोयंबटूर में भाजपा दफ्तर पs हमला, फेंकल गइल पेट्रोल बम

103
तमिलनाडु के कोयंबटूर में भाजपा कार्यालय पs हमला कइल गइल बा। इहां अज्ञात व्यक्ति के भाजपा दफ्तर पs ज्वलनशील पदार्थ से भरल बोतल फेंकले के मामला सोझे आइल बा। घटना के बाद खिसियाइल भाजपा कार्यकर्ता लोग जम के प्रदर्शन कइल, जेकरे बाद पुलिस ई मौका पर पहुंच के मोर्चा सम्हरलस।

भाजपा कार्यकर्ता एह हमला के एक दिन पहिले पीएफआई के खिलाफ भइल छापेमारी से जोड़ के देख रहल बानें। कार्यकर्ता नंदकुमार कहलें, हमनीके दफ्तर पs पेट्रोल बम फेंकल गइल बा। एही तरह से आंतकी हमले होत बा। आजुओ पीएफआई के खिलाफ छापेमारी कइल गइल रहे। भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष भी प्रदेश में बानें।

काल्ह 15 राज्य में भइल रहे छापेमारी

NIA बियफ़े के PFI पs 15 राज्य में 93 स्थान पर छापा मरलें। केरल-39, तमिलनाडु-16, कर्नाटक-12, आंध्र प्रदेश-7, तेलंगाना-1, उत्तर प्रदेश-2, राजस्थान-4, दिल्ली-2, असम-1, मध्य प्रदेश-1, महाराष्ट्र-4, गोवा-1, पश्चिम बंगाल-1, बिहार-1 और मणिपुर में 1 स्थान पर छापा मारल गइल रहे। सूत्र के मुताबिक, NIA के करीब 300 अधिकारी तलाशी अभियान में शामिल रहलें। NIA डीजी ऑपरेशन के निगरानी कइलें। 2010-11 से पहिले PFI मामला में कुल 46 आरोपियन के दोषी ठहरावल गइल रहे अउर PFI के खिलाफ मामला में 355 लोग शामिल रहनें।

338730cookie-checkतमिलनाडु के कोयंबटूर में भाजपा दफ्तर पs हमला, फेंकल गइल पेट्रोल बम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.