UP News: सीएम योगी 950 करोड़ रुपिया के परियोजनन के कइलें शिलान्यास, बोललें- यूपी में बनी ट्रिपल इंजन सरकार

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गोरखपुर में प्रबुद्ध सम्मेलन कर के लोगन के निकायो स्तर पर समान विचारधारा के सरकार के खूबियन के बता रहल बाड़ें। एही क्रम में ऊ दिग्विजयनाथ पार्क में आयोजित कार्यक्रम में महानगर के पहिला सिक्सलेन फ्लाईओवर सहित 950 करोड़ रुपिया के चार बड़ विकास परियोजनन के सौगात दिहें।

सीएम योगी कहलें कि डबल इंजन के सरकार में रोज नया प्रतिमान नवका गोरखपुर गढ़ रहल बा। गोरखपुर में फिल्मन के शूटिंग हो रहल बा। एकर श्रेय सांसद अभिनेता रवि किशन के जाता बा। देश में डबल इंजन के सरकार हर रोज कीर्तिमान स्थापित कर रहल बिया। गोरखपुर के रोजगार के संभावना के रुप में जोड़ल जाई।

ऊ आगे कहलें कि गोरखपुर में विकास के क्रम निरंतर जारी रही, इहां 950 करोड़ रुपिया के चार बड़ विकास परियोजनन के सौगात देत हमरा बहुत खुसी हो रहल हो। बीतल 25 सालन में गोरखपुर के जनता हमरा के बहुत समर्थन कइले बिया। हमनी के हर मांग आ आंदोलन में बढ़ चढ़ के हिस्सा लेले बानी सs।

बता दीं कि निकाय चुनाव के मद्देनजर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ प्रदेश में ‘ट्रिपल इंजन सरकार’ सुनिश्चित करे के अभियान पर बाड़ें। अलग-अलग शहरन में लगातार हो रहल प्रबुद्ध सम्मेलन एही अभियान के हिस्सा हs। गोरखपुर, मुख्यमंत्री योगी के ट्रिपल इंजन सरकार के फार्मूला के एगो उदाहरणो हs। केंद्र आ प्रदेश में सरकार होखला के संगही इहां के नगर निगम में भाजपा के नेतृत्व बा।

नियोजन से लेकर क्रियान्वयन तक एके पार्टी के नेतृत्व होखला से गोरखपुर के विकास कार्यन के मुख्यमंत्री मॉडल के रूप में प्रस्तुत करेलें। निकाय चुनाव के मद्देनजर भाजपा, प्रबुद्ध सम्मेलन के बहुते अहम मान रहल बिया। एह दौरान कार्यकर्ता, दावेदारन के मुख्यमंत्री मार्गदर्शन कइलें।

साभार: अमर उजाला

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-