Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

MCD Election 2022: 1349 उम्मीदवारन के किस्मत EVM में भइल कैद, सात दिसंबर के होई मतगणना

दिल्ली राज्य चुनाव आयोग के अनुसार, अतवार के सबेरे 8 बजे से वोटिंग सुरू हो गइल रहे। सुरुआत के चार घंटन में मतदान के रफ्तार बहुते धीमा रहल। एकरा बाद एमे तनिका तेजी आइल। सांझ के 5:30 बजे तक 50.47 फीसदी मतदान भइल बा। 

278

दिल्ली नगर निगम के 250 सीटन के 1,349 उम्मीदवारन के भविष्य के फैसला ईवीएम में बंद हो गइल बा। तयशुदा समय 5:30 बजे तक 50.47 फीसदी मतदाता लोग अपना मत के इस्तेमाल कइल। बरिस 2017 के एमसीडी चुनाव के तुलना में अबकी बेर करीब तीन प्रतिशत मतदान कम भइल। भारी सुरक्षा बंदोबस्त के बीच दिल्ली राज्य चुनाव आयोग सब ईवीएम 42 स्टांग रूम में रखवा देलस है। एही सेंटरन पर अब सात दिसंबर के मतगणना होई। एकरा बाद दिल्ली के मिनी सरकार के गठन होई।

ओने, मतदान के दौरान आम आदमी पार्टी, भाजपा आ कांग्रेस मतदाता लोगन के वोट कटला के शिकायत कइल। इहां तक कि सूची में नाम ना होखला से कांग्रेस प्रदेश अध्यक्ष अनिल चौधरी तक वोट ना दे सकलें। उनका शिकायत पर दिल्ली राज्य चुनाव आयोग मतदान सूची में बदलाव के अधिकार भारतीय निर्वाचन आयोग के पास होखला के हवाला देत पूता ममिला से पल्ला झाड़ लिहल। अबुल फजल एन्क्लेव में ईवीएम खराब होखला से एक घंटे मतदान में देरी भइल। जबकि पुलिस के मामूली नोक-झोंक के करीब 230 पीसीआर काल मिलल, बाकिर कहियों पर कवनो बड़ वारदात ना भइल रहे।

दिल्ली राज्य चुनाव आयोग के अनुसार, अतवार के सबेरे 8 बजे से वोटिंग सुरू हो गइल रहे। सुरुआत के चार घंटन में मतदान के रफ्तार बहुते धीमा रहल। एकरा बाद एमे तनिका तेजी आइल। सांझ के 5:30 बजे तक 50.47 फीसदी मतदान भइल बा। अबुल फजल एन्क्लेव के अलावे कुछ जगहन पर ईवीएम खराब होखला के शिकायतो मिलल, जवना के तत्काल दूर कर लिहल गइल।

दिल्ली राज्य चुनाव आयोग के मोताबिक, तयशुदा समय 5:30 बजे के बाद मतदान केंद्र के अंदर जाये के केहू के इजाजत ना दिहल गइल। बाकिर एकरा पहिले के लोग लाइन लगा देले रहे, ऊ वोट देवे खातिर अपना बारी के इंतजार करत रहल लो। एहसे देर सांझ ले वोटिंग होत रहल। वोटिंग के बाद सब ईवीएम के दिल्ली के अलग-अलग इलाकन में बनावल गइल 42 स्ट्रांग रूम में रखवा दिहल गइल बा। इहां के सुरक्षा इंतजाम बहुते सख्त बा। मतगणना के दिन सात दिसंबर के एकरा के खोलल जाई

एमसीडी चुनाव में मतदान प्रतिशत

साल      प्रतिशत

2022 – 50.47 प्रतिशत
2017 – 54 प्रतिशत
2012 – 55 प्रतिशत
2007 – 42 प्रतिशत
2002 – 52 प्रतिशत
1997 – 41 प्रतिशत

401070cookie-checkMCD Election 2022: 1349 उम्मीदवारन के किस्मत EVM में भइल कैद, सात दिसंबर के होई मतगणना

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.