Rampur Bypoll: सपा रामपुर के एसपी सहित कइयन पुलिस अधिकारियन के हटावे के मांग कइलस, आयोग के सउपलस ज्ञापन

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 4, 2022

सपा रामपुर के कइयन गो पुलिस अधिकारियन के हटावे के मांग कइलस। एह संबंध में पार्टी के प्रतिनिधिमंडल मुख्य निर्वाचन अधिकारी के ज्ञापन सउपले। एकरा संगे इहों मांग कइल गइल बा कि पार्टी कार्यकर्ता लोगन

Share

सपा रामपुर के कइयन गो पुलिस अधिकारियन के हटावे के मांग कइलस। एह संबंध में पार्टी के प्रतिनिधिमंडल मुख्य निर्वाचन अधिकारी के ज्ञापन सउपले। एकरा संगे इहों मांग कइल गइल बा कि पार्टी कार्यकर्ता लोगन के उत्पीड़न तत्काल बंद कइल जाव।

पार्टी के राष्ट्रीय सचिव राजेंद्र चौधरी, वरिष्ठ नेता केके श्रीवास्तव, डॉ. हरिश्चंद्र आ राधेश्याम सिंह सनीचर के मुख्य निर्वाचन अधिकारी से मुलाकात कs के चुनाव के इस्थिति से अवगत करावल लो। मुख्य चुनाव आयुक्त के संबोधित ज्ञापन सउपल गइल।

एमे बतावल गइल कि रामपुर विधानसभा उपचुनाव में पुलिस अधीक्षक अशोक शुक्ला, सीओ सिटी अनुज पहलवान, कोतवाली प्रभारी गजेंद्र त्यागी, थानाध्यक्ष सुरेंद्र पचौरी के तत्काल प्रभाव से रामपुर जिला से बाहर स्थानांतरित कइल जाव।

भारत निर्वाचन आयोग के निरदेसन के विपरीत आ मानक के विरुद्ध लगावल गइल अत्यधिक अर्धसैनिक आ पुलिस बलन के जिला से बाहर कइल जाव। सपा मांग कइलस कि मुस्लिम बाहुल्य इलाकन में शत प्रतिशत मतदाता पर्ची बांटल जाव। ऊ लोग आरोप लगावल कि भाजपा द्वारा फर्जी आधार कार्डन के सहारे मतदान करावे के साजिश रचल जा रहल बा। एकरो पर अंकुश लगावल जाव।

साभार: अमर उजाला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.