[the_ad_group id="30365"]

पूर्वांचल विश्वविद्यालय पहुंचलें मुख्यमंत्री: सपा नेता कइलें काला झंडा देखवले के कोशिश, कइल गइलें गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीएम योगी आदित्यनाथ अपने जौनपुर दौरा पर आज पूर्वांचल विश्वविद्यालय पहुंचलें। एह दौरान एगो सपा नेता काला झंडा देखवले के कोशिश कइलें। जेकरे बाद ओनके गिरफ्तार कs लिहल गइल बा।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शुक्क के जौनपुर जिला के एक दिवसीय दौरा पर पहुंचलें। जौनपुर में सीएम योगी जनसभा के संबोधित कइलें। बोलले- विकास खातिर ईमानदारी से काम हो रहल बा। पिछला सरकार खुद के फायदा खातिर गुंडन-गुर्गन के बढ़ावा देत रहे। हमनी के तय कइले बानीं जा कि केहू भी भ्रष्टाचार करी त ओकर संपत्ति कुर्क कs के गरीबन के विकास में लावल जाई। पहिले यूपी के लोग के संगे धोखा होत रहे। आज यूपी में अपराधी डेरानें।

सीएम विभिन्न योजना के लाभार्थियन के प्रमाण पत्र देहलें। एकरे अलावा सीएम ‘उत्तर प्रदेश में स्वतंत्रता संग्राम’ नामक पुस्तक के विमोचन भी कइलें। सीएम योगी कहलें, जौनपुर नयका उत्तर प्रदेश के, नया भारत के जनपद ह। विकास के सब सुविधा जौनपुर के देहल जाई।

सीएम जिला में आजु 241 करोड़ रुपया के 90 कार्य के शिलान्यास करिहें। एहमें 13.44 किमी के सड़क के शिलान्यास बा अउरी कुछ अन्य कार्य भी शामिल बा। एही तरह करीब 16 करोड़ रुपया से ज्यादा के परियोजना के लोकार्पण कइल जाई। लोकार्पण में 19 किमी के सड़क सहित कुल 26 काम बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]