अमरनाथ गुफा के पास बादल फटल, 8 लोग के मौत गईल; घायलन के एयरलिफ्ट करावल जा रहल बा

Share

जम्मू कश्मीर में अमरनाथ के पवित्र गुफा के लगे बादल फाट गइल। जानकारी के मोताबिक एह घटना में मरेवाला लोग के संख्या बढ़ के आठ हो गईल बा। जबकि बहुते लोग घवाहिल हो गइल बा। घायल लोग के इलाज खाती हवाई जहाज से ले आवल जाता। एनडीआरएफ, आईटीबीपी अवुरी एसडीआरएफ के टीम मवका पs बा। राहत आ बचाव के काम चल रहल बा। बता दीं कि मौसम विभाग कुछ दिन पहिले अमरनाथ में खराब मौसम के भविष्यवाणी कइले रहे।पाप

समाचार एजेंसी एएनआई के मोताबिक अमरनाथ गुफा से दु किलोमीटर दूर बादल फटला के ई घटना भईल। बतावल जा रहल बा कि साँझ के करीब साढ़े पाँच बजे निचला इलाका में बादल फटला के खबर आइल। केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह एह घटना के संज्ञान लेले बाड़े। उ जम्मू कश्मीर के उपराज्यपाल मनोज सिन्हा से फोन प बात कईले। जानकारी के मोताबिक बादल फटला के बाद प्रशासन टीम इस्थिति के आकलन करत बिया। फिलहाल नुकसान के कवनो आधिकारिक रिपोर्ट नईखे मिलल।

आईजीपी कश्मीर बतवले कि बादल फटला के बाद पवित्र गुफा के लगे कुछ लंगर अवुरी टेंट में बाढ़ आ गइल। एह घटना में 8 लोग के मौत के आधिकारिक तौर प पुष्टि भईल बा। पुलिस, एनडीआरएफ आ एजेंसियन के ओर से बचाव अभियान चल रहल बा। घायल लोग के इलाज खातिर हवाई जहाज से ले आवल जा रहल बा। हालात काबू में बा।

ओहिजा आईटीबीपी के कहनाम बा कि कुछ जानमाल के नुकसान के संभावना बा, अभी तक कवनो साफ स्पष्टता नईखे। बचाव दल काम कर रहल बा। आईटीबीपी के टीम के संगे-संगे अवुरी एजेसियन बचाव अभियान चलता।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-