[the_ad_group id="30365"]

उत्तराखंड में बड़ हादसा : नदी के तेज धार में पंजाब के पर्यटकन के कार बह गईल, सवार दस लोग में से 9 लोग के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सबेरे रामनगर में ढेला नदी के तेज बहाव में पर्यटकों की गाड़ी बह गईल। कार में सवार दस लोग में से 9 लोग के मौत हो गईल जबकि एक आदमी गंभीर रूप से घाही बा, जवना के इलाज रामनगर के सरकारी अस्पताल में चलता। पुलिस मरेवाला लोग के पहचान करे में व्यस्त बिया। बतावल जाता कि इ पर्यटक पंजाब के पटियाला के रहेवाला हवे। मौका प स्थानीय पुलिस अवुरी दमकल ब्रिगेड मौजूद बा।

ढेला रामनगर के रिसॉर्ट में ठहर के लवटत इनोवा कार में सवार दस पर्यटक। बतावल जा रहल बा कि सबेरे करीब 5:45 बजे पर्यटक ढेला नदी रूट प पहुंचल रहले कि नदी में तेज धार से उनुकर गाड़ी बह गईल।
कार में सवार चार पर्यटक के लाश पुलिस बरामद क लेले बिया। नाजिया नाम के एगो युवती के घाही हालत में अस्पताल भेज दिहल गईल बा। कोतवाल अरुण कुमार सैनी कहले कि गाड़ी में अभी तक पांच लोग के लाश बा, ओकरा के निकाले के प्रयास जारी बा। गाड़ी के नदी से निकाले खाती मौका प क्रेन बोलावल गईल बा। मरेवाला में तीन युवक अवुरी 6 महिला शामिल रहली।

घाही लईकी के इलाज अस्पताल में चलता, उ अभी तक सदमा में बिया। मरेवाला लोग के पहचान करे के प्रयास जारी बा। प्रारंभिक जानकारी के मुताबिक इ पर्यटक पटियाला पंजाब के निवासी बतावल जाता, जवन कि ढेला के रिसॉर्ट में आईल रहले अवुरी सबेरे लवटत रहले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]