Indigo Flight: नशा में धुत्त यात्री कइलस इंडिगो के इमरजेंसी डोर खोले के कोसिस, बेंगलुरु में CISF दबोचलस 

Share

दिल्ली-बेंगलुरु इंडिगो विमान में सवार नशा में धुत्त एगो 40 साल के यात्री इमरजेंसी डोर के फ्लैप के खोले के कोसिस कइलस, हालांकि, यात्री के बेंगलुरु में सीआईएसएफ के सउप दिहल गइल।

इंडिगो एयरलाइंस के मोताबिक, दिल्ली से बेंगलुरु जाये वाली फ्लाइट 6ई 308 में सवार नशा में धुत्त यात्री इमरजेंसी डोर के फ्लैप के खोले के कोसिस कइलस। ई देखला पs क्रू विमान के कैप्टन के सतर्क कइलस आ यात्री के उचित चेतावनी दिहल गइल।

CISF के सउपल गइल अनियंत्रित यात्री

इंडिगो एयरलाइंस के प्रवक्ता बतवलें कि ओह उड़ान के सुरक्षित संचालन परs कवनो समझौता ना कइल गइल आ अनियंत्रित यात्री के बेंगलुरु पहुंचला पs सीआईएसएफ के सौंप दिहल गइल।

अनियंत्रित बेवहार के कइयन घटना भइल बा दर्ज

एयरलाइंस में पिछला कुछ महीनन में हवाई यात्रियन के अनियंत्रित बेवहार के अइसन कइयन घटना देखल गइल बा। ऑन-बोर्ड अनियंत्रित बेवहार से निपटे खातिर विमानन नियामक महानिदेशालय नागरिक उड्डयन (DGCA) सीएआर, धारा 3- वायु परिवहन, सीरीज एम आ भाग 6 के अनियंत्रित/विघटनकारी यात्रियन के हैडलिंग शीर्षक से जारी कइले बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-