[the_ad_group id="30365"]

सिगरेट आ शराब छोट उमिर में कs रहल बा दिल के खराब, 90 से बेसी लोग के हो चुकल बा एंजियोप्लास्टी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शराब, सिगरेट, तंबाकू अउरी जंक फूड के लत युवा लोग से लेके बुजुर्गन ले के करेजा के बीमार बना रहल बा। डॉक्टरन के मुताबिक ई लत, लोग खातिर जानलेवा बा। एकरे बादो लोग एके नजर अंदाज नाइ कs पा रहल बानें।

बीआरडी मेडिकल कॉलेज के हृदय रोग विशेषज्ञ डॉ. कुनाल सिंह बतवलें कि जब से सुपर स्पेशियलिटी सेवा शुरू भइल बा, तब से हृदय रोग के मरीजन के संख्या बढ़त जा रहल बा। एहमें 30 से 35 फीसदी मरीज युवा बानें जौन कौनो ना त कौनो रूप में सिगरेट, शराब सहित तंबाकू के सेवन क रहल बानें। अइसन मरीजन के एंजियोप्लास्टी के साथ पेस मेकर ले लगावे के पड़त बा।

तंबाकू के सेवन से सूख रहल बा नस

तंबाकू के सेवन से हृदय के नस सूख रहल बा। लेकिन, एकर जानकारी मरीज के तत्काल नाइ हो पावsला। जब शारीरिक दिक्कत शुरू हो जाला तब पता चल रहल बा कि नस ढ़ेर सूख गईल बा अउरी ओकर इलाज या त एंजियोप्लास्टी बा नाइ त पेस मेकर। आंकड़ा के मुताबिक छह महीना के अंदर 90 मरीजन के एंजियोप्लास्टी कइल गइल अउर 45 से 50 मरीजन के पेस मेकर लगावल गइल बा। एकरे अलावा 150 से अधिक मरीजन के एंजियोग्रॉफी कइल गइल बा। एहमें 30 से 35 फीसदी मरीजन के उम्र 20 से 45 वर्ष रहल बा। जबकि, दूसर मरीजन के उम्र 50 वर्ष से ऊपर रहल। चिंता के बात ई बा कि 98 फीसदी मरीज कौनो नाइ त कौनो रूप में तंबाकू के सेवन करत रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]