क्रिसमस पर्व के तैयारी लगभग पूरा हो चुकल बा। मसीही समुदाय के घर अउर गिरजाघर के रंग-बिरंगा झालर से सजावल गइल बा। मसीही समाज सनीचर के अद्ध रात के प्रभु यीशु के जन्म उत्सव धूमधाम से मनाई। सेंट जोसेफ महागिरजाघर सिविल लाइंस में मां मरियम के मंदिर आकर्षक रूप से सजावल गइल बा। सामने चरनी के निर्माण कइल गइल बा। एकरे पीछे गौशाला बा, जहां पशुअन के साथ चरवाहा बानें सब। स्वर्ग दूत एंजेल के भी तस्वीर बनावल गइल बा। उहवें स्वर्ग दूतन के बीच में बाल रूप प्रभु यीशु मसीह के झांकी एगो टोकरी में रखल गइल बा।

सेंट मार्क चर्च स्टैनपुर पादरी बाजार, सेंट जॉन चर्च बशारतपुर, क्राइस्ट चर्च शास्त्री चौक, एंड्रयूज चर्च कौवा बाग, सेंट थॉमस चर्च धर्मपुर, मसीही कलीसिया खरैया पोखरा, पीस टर्बिनिकल चर्च मयूर विहार, फुल गोस्पेल चर्च मोती पोखरा, सैंट एंथोनी चर्च धर्मपुर आदि चर्च भी रंग-बिरंगा रौशनी से जगमगा रहल बा।

विशेष प्रार्थना सभा होई
मान्यता के अनुसार प्रभु यीशु मसीह के जन्म 25 दिसंबर के पहिले पहर अर्थात 24 दिसंबर के अद्ध रात में 12 से तीन के बीच भइल रहे। एहीलिए एह दिन रात के 12 बजतही गिरजाघरों में प्रभु आगमन के खुशी में विशेष प्रार्थना सभा आयोजित कइल जाला। दूसरे दिन 25 दिसंबर के क्रिसमस के पर्व धूमधाम से मनावल जाला।

बाजार में रौनक
क्रिसमस के मद्देनजर सुक्क के बिहाने से बाजार में रौनक दिखल। शहर के गोलघर, रेती चौक, आजाद चौक, बशारतपुर, रेलवे स्टेशन सहित तमाम मसीही मोहल्ला में दुकान के सजावल गइल बा। चॉकलेट, कैंडी गिफ्ट, क्रिसमस केक के खरीदारी खातिर दुकान पर भीड़ उमड़ल बा।
Post Views: 13