[the_ad_group id="30365"]

माघ मेला खातिर चलावल जाई 2800 अतिरिक्त बस, रिजर्व में रही 200 बस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जनवरी-फरवरी में आयोजित प्रयागराज माघ मेला खातिर उप्र परिवहन निगम 2800 अतिरिक्त बस चलाई। एकरे अलावा निकट के तीर्थस्थल खातिरो अतिरिक्त 80 बस चलावल जाई। एकरे खातिर एमडी संजय कुमार क्षेत्रवार बस के आवंटन कs दिहल गइल बा।

एमडी के मुताबिक मेला में मौनी अमावस्या अउर बसंत पंचमी के स्नान पर भारी भीड़ उमड़ले के संभावना बा। अइसे में 20 जनवरी से 27 जनवरी ले संचालन पर मुख्य फोकस रही। छह फरवरी ले 2800 बस के संचालन के अलावा 200 बस के रिजर्व में रखल जाई। प्रयागराज के लग्गे के तीर्थस्थल काशी, विंध्याचल, चित्रकूट अउर अयोध्या खातिर भी 80 बस के अतिरिक्त व्यवस्था रही।

एकरे अलावा प्रयागराज के 550, गोरखपुर क्षेत्र के 380, आजमगढ़ के 360, लखनऊ के 300, वाराणसी के 300, अयोध्या के 220, चित्रकूट के 230, कानपुर के 260, देवीपाटन के 150 अउर झांसी के 50 बस के आवंटन कइल गइल बा। एमडी कहनें कि कौनो रास्ता पर प्राइवेट बस के परमिट न दिहल जाय।

एह संबंध में सब क्षेत्रीय प्रबंधक अपने-अपने इहां आयुक्त अउर जिलाधिकारियन से बात करिहें। एकरे साथही अस्थाई बस स्टेशन निर्माण करे के निर्देश दिहल गइल बा। सब बस के चाक चौबंद करावे अउर सभी व्यवस्था के दुरुस्त करे के कहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]