[the_ad_group id="30365"]

चार दिन में खिचड़ी मेला के तैयारी पूरा करे के निर्देश, श्रद्धालुअन के मिली खास सुविधा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नगर आयुक्त अविनाश सिंह बुध के दोपहर गोरखनाथ मंदिर परिसर में ही स्थित नगर निगम के कैंप कार्यालय में बैठक कs के मकर संक्रांति (खिचड़ी मेला) के तैयारियन के समीक्षा कइलें अउर निरीक्षणो कइलें। ऊ संबंधित अधिकारियन के हर हाल में 25 दिसंबर तक ले सब तैयारी पूरा कs लेहले के निर्देश दिहलें।

बैठक के दौरान अधिशासी अभियंता देवेंद्र कुमार बतवलें कि मंदिर के चारों ओर से आवे वाला सड़क के पैचवर्क अउर निर्माण के काम करावल जा रहल बा। नगर आयुक्त सिधारीपुर से डोमिनगढ़ स्टेशन, रामलीला मैदान से सूर्य विहार होत सिधारीपुर अउर सुभाष चन्द्र बोस नगर से सिधारीपुर ले जल निगम द्वारा करावल जाए वाला काम जल्दी पूरा करावे के निर्देश दिहलें।

बतवलें कि मेला परिसर में 150 सफाई कर्मी सेवा करीं। एकरे अलावा स्वास्थ्य विभाग, जलकल अउर पथ प्रकाश के भी 50 के करीब कर्मचारियन के ड्यूटी लगावल गइल बा। मेला में गैस हीटर, अलाव, 35 सीसीटीवी कैमरा लगावे, पीए सिस्टम लगावे अउर बैरिकेडिंग के काम के जल्दी पूरा करे के भी निर्देश दिहलें।

बतावल गइल कि मेला में साफ-सफाई के निगरानी खातिर 25 वायरलेस, पहिलही संबंधित के उपलब्ध करावल जा चुकल बा। नगर आयुक्त 10 वायरलेस सेट अउर मंगावे के कहनें। एही तरे ऊ सब वाहन स्टैंड पs सफाई, प्रकाश व्यवस्था, मोबाइल टायलेट के सफाई अउर पीए के पानी के समुचित इंतजाम के निर्देश दिहलें।

कहनें कि मेला परिसर में सफाई अउर छिड़काव के नियमित व्यवस्था कइल जाव। रेलवे स्टेशन, बस स्टेशन, नकहा, सुरजकुंड, अउर भीड़भाड़ वाले जगह पर रात के सफाई खातिर ड्यूटी लगावल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]