[the_ad_group id="30365"]

बच्चा चोरी के अफवाह से स्कूल नाइ जात बानें लइके: साँझ होइतही लाठी-डंडा ले के कइल जा रहल बा लइकन के रखवारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वाराणसी अउरी आसपास के इलाका में आजकल बच्चा चोरी के अफवाह से लोग भेयाइल बानें। कछवा रोड सेवापुरी ब्लॉक के कई गांव में बच्चा चोरी के अफवाह के चलते सरकारी स्कूल में लइकन के उपस्थिति संख्या कम भइल।  प्राप्त जानकारी के अनुसार ग्रामीण इलाका में बच्चा चोरी के अफवाह जोर पs बा, जेके ले के अक्सर अन्हार होइतही ग्रामीण क्षेत्र के गांव में लोग लाठी डंडा ले के लइकन के रखवाली कs रहल बानें।
अइसन अफवाह के चक्कर में ग्रामीण अपने बच्चन के स्कूल भेजे से भी कतरा रहल बानें। एह मामला में ठटरा पूर्व माध्यमिक विद्यालय के प्रधानाध्यापक चंद्रबली पटेल बतवलें कि विद्यालय में छात्र के उपस्थिति 10 से 15% तक कम भइल बा। छात्रन के उपस्थिति कम होखे वाला छात्रन के परिजन से फोन कsके संपर्क कइल जा रहल बा, तब्बो अभिभावकन के ओर से बहाना कsके बच्चन के तबीयत खराब होखला अउरी ननिहाल गइले के बात कह के बात टाल देतने।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]