[the_ad_group id="30365"]

नालंदा में 150 फीट गहिराह बोरवेल से बाहर निकलल लईका: 8 घंटा रेस्क्यू ऑपरेशन के बाद पाइप के सहारे निकालल गइल; सलामत बा शिवम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नालंदा में 150 फीट गहिराह बोरवेल में गिरल 4 साल के शिवम के निकाल लिहल गइल बा। 8 घंटा तक लगातार चलल रेस्क्यू के बाद लईका के पाइप के सहारे बाहर निकालल गइल बा। शिवम अभी होश में बा। रेस्क्यू के बाद लईका के पावापुरी मेडिकल अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

शिवम अतवार के सबेरे करीब 9.30 बजे 150 फीट गहिराह बोरवेल में खेलत-खेलत गिर गइल रहे। करीब 12 बजे से एनडीआरएफ-एसडीआरएफ के टीम स्थानीय प्रशासन के संगे मिलके निकाले के कोसिस करत रहे। 4 जेसीबी आ 2 पोकलेन मशीन से बोरवेल के बगल में रेस्क्यू खातिर गड़हा कइल जात रहे।

बोरवेल से निकलला के बाद लईका के पावापुरी मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गइल बा।

देसी टेक्निक बचवलस शिवम के जान

रेस्क्यू ऑपरेशन के संगही बिहार पुलिस के टीम लईका के निकाले के प्रयास करत रहे। पानी पटावे वाला पाइप में एगो हुक लगाके ओकरा के गड़हा में डालल गइल रहे। एह हुक में कपड़ा लपेटल गइल रहे, ताकि लईका के कवनो चोट ना आवे। ई पाइप लईका के दुनो गोड़ के बीच में फंसावल गइल। जवना के बाद शिवम के सुरक्षित बोरवेल से बाहर निकाल लिहल गइल।

कैमरा से कइल जात रहे मॉनिटरिंग

रेस्क्यू टीम पहुंचला के संगही बोरवेल में कैमरा डालके लईका के मोमेंट के रिकॉर्ड करत रहे। ओह फुटजे में शिवम खड़ा लउकत रहे। लईका 60 फीट गहराई पs फंसल रहे। ऊ हाथ हिलावत रहे। ओकरा नीचे पानियो नजर आवत रहे। लईका के लगातार रोवे के आवाज आवत रहे, परिजन ओकरा के ढांढस देत रहे लो। मां के हालत अभियो खराब बा। शिवम के दुगो बड़ बहिन बा लो। शिवम से छोट एगो भाई बा।

डीएम शशांक शुभंकर बतवलें कि लईका के बाहर निकाल लिहल गइल बा। ऊ कहलें कि जे बोरिंग कराके खुलल छोड़ दिहल, ओकरा पs कानूनी कार्रवाई कइल जाई। हमनी के पहिला प्राथमिकता लईका के बचावल रहे, जवना के बाहर निकाल लिहल गइल बा।

खेत में मां के संगे गइल रहे लईका

नालंदा थाना के भदारी गांव में डोमर मांझी के बेटा शिवम कुमार आपन मां रेणू देवी के संगे खेत में गइल रहे। चुहन सिंह के खेत में बोरिंग फेल हो गइला के कारण ओकरा के ताड़ के पत्तन से ढंकल गइल रहे।

शिवम के मां खेत में काम करे लगली आ शिवम गाछ के लगे आके खेले लागल। एह बीच अचके ऊ बोरवेल में गिर गइल। आवाज होखला के बाद उनकर मां दउरली, एकरा बाद ऊ आउर ग्रामीणन के एकर जानकारी देली।

चार जेसीबी बोलावल गइल, एगो खराब

प्रशासन सुरू में 3 जेसीबी बोलावल। बोरवेल के आसपास के माटी हटावे खातिर खुदाई सुरू कइल गइल। एही दौरान एगो जेसीबी खराब हो गइल। रेस्क्यू में तेजी ले आवे खातिर एगो आउर जेसीबी के खुदाई में लगावल गइल। ओहिजा, 2 पोकलेन मशीनन के ले आवल गइल।

लईका बोरवेल के 60 फीट नीचे फंसल रहे। उहां ओकरा ऑक्सीजन लेवे में दिक्कत ना होखे, एहिसे मेडिकल टीम ओकरा के पाइप से ऑक्सीजन देलस।

मवका पs जुटल भारी भीड़ 

मवका पs आसपास के गांवन से बहुते भीड़ जुट गइल रहे। ओहिजा, नालंदा सांसद कौशलेंद्र कुमार, जिला आपदा शाखा प्रभारी कृष्ण कुमार उपाध्याय, सिलाव अंचलाधिकारी शंभू मंडल, नालंदा थानाध्यक्ष दिनेश कुमार सिंह मवजूद रहे लो। सदर डीएसपी डॉ. शिवली नोमानी पहुंचल रहस।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]