अमेरिका के टेक्सास में भइल बड़ नौका हादसा, पुल से टकरइले के बाद नदी में 2000 गैलन तेल गिरले के आशंका

By Anurag Ranjan

Published on: May 17, 2024

  अमेरिका के टेक्सास के गैलवेस्टन के लगे एगो भयानक नाव दुर्घटना के खबर बा. इहाँ के पुल से ईंधन लेके जात नाव के टकरा के 2000 गैलन तेल पानी में बह जाए के संभावना

Share

 

अमेरिका के टेक्सास के गैलवेस्टन के लगे एगो भयानक नाव दुर्घटना के खबर बा. इहाँ के पुल से ईंधन लेके जात नाव के टकरा के 2000 गैलन तेल पानी में बह जाए के संभावना बा। अमेरिकी तटरक्षक बल बियफ़ें के इs जानकारी देले बा। तटरक्षक बल के कहना बा कि बुध के दिने पेलिकन आइलैंड कॉजवे टगबोट से अलगा होखला के बाद एगो खंभा से टकरा गइल जवना चलते पुल आ गैलवेस्टन के आंशिक रूप से गिर गइल.

सड़क गिरला के बाद गाड़ी के आवाजाही भी प्रभावित भईल बा। नदी में 2000 गैलन तेल के छिड़काव के चलते जलीय जानवर के जान खतरा में पड़ गईल बा। मौका पs राहत अवुरी बचाव दल पहुंच गईल बा। मार्टिन मरीन के उपाध्यक्ष रिक फ्रीड एगो संवाददाता सम्मेलन में बतवले कि एs जहाज में 30,000 बैरल तेल राखे के क्षमता बा, बाकिर जब इs पुल से टकरा गईल तs ओकरा में 23,000 बैरल तेल रहे।

राहत आ बचाव के काम जारी बा

कोस्ट गार्ड के कैप्टन कीथ डोनोह्यू कहले कि, हमनी के पूरा भरोसा बा कि पानी में जवना तेल के शुरुआत में अनुमान लगवले रहनी, ओकरा से कम तेल बा, उ कहले कि, हमनी के 605 गैलन से जादे तेल वाला पानी के मिश्रण हटा देले बानी। संगही, नाव के ऊपर से 5,640 गैलन तेल के अतिरिक्त उत्पाद बरामद भईल बा जवन कि पानी में ना गईल रहे।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.