Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा पहुंचल असम राइफल के जवान के शव: घर में मचल कोहराम, राजकीय सम्मान के संगे भइल अंतिम संस्कार; नम आंखन से दिहल गइल विदाई

203

छपरा के परसा प्रखंड के बनौता पंचायत के कोहरा गांव में अतवार के असम राइफल के सैनिक के शव विभागीय पदाधिकारी द्वारा पैतृक आवास ले आवल गइल। शव के देखतही परिजनन में कोहराम मच गइल।

सैनिक के शव के देखे खातिर ग्रामीणन के भीड़ जुट गइल। मृतक कोहरा गांव निवासी पूर्व सैनिक गौतम प्रसाद रजक के इकलौता बेटा संतोष कुमार हs। तिरंगा में लिपटल शव के देखतही चीख पुकार से माहौल गमगीन हो उठल। शव के अंतिम दर्शन खातिर पहुंचल ग्रामीणन के आंख नम हो गइल रहे। मृतक जवान अपना माता पिता के इकलौता संतान रहलें। तबीयत खराब होखला के बाद अस्पताल में इलाज करवावत रहस। सुक के देर रात उनकर मौत हो गइल। एकरा बाद अतवार के छपरा इस्थित पैतृक गांव शव पहुंचल।

संतोष कुमार एक महीना पहिले घर से ड्यूटी पs त्रिपुरा गइल रहस। गइला के कुछ दिन बाद तबीयत खराब हो गइल। ओह समय से दीमापुर में उपचार चलत रहे। उपचार के दौरान सुक के मौत हो गइल। मौत के जानकारी विभाग द्वारा दूरभाष पs परिजनन के दिहल गइल रहे।

मृतक के पिता पूर्व सैनिक गौतम प्रसाद रजक बतवलें कि 1998 में दीमापुर में संतोष असम राइफल में सिपाही पद पs जोगदान देले रहलें। एक महीना पहिले घरे आइल रहस। घर से गइला के बाद तबीयत खराब हो गइल। ओहि घरी से उपचार चलत रहे। उपचार के दौरान सुक के मौत हो गइल।

फिलहाल संतोष त्रिपुरा के आगरतल्ला क्षेत्र के कुमार घाट राधा नगर में ड्यूटी पs कार्यरत रहस। असम राइफल के पदाधिकारी नायक सूबेदार साउरु गुप्ता के देखरेख में बिहार रेजिमेंट से विपिन कुमार नायक सूबेदार, सिपाही टी के सिंह, प्रिंस कुमार सिंह, सूरज शर्मा, आकाश लोहरा, विनीत कुमार सिंह द्वारा शव के राजकीय सम्मान के संगे पैतृक आवास कोहरा ले आवल गइल। एकरा बाद गंडक नदी मुरहिया घाट पs आठ बरिस बेटा आयुष कुमार द्वारा मुखाग्नि दिहल गइल।

606550cookie-checkछपरा पहुंचल असम राइफल के जवान के शव: घर में मचल कोहराम, राजकीय सम्मान के संगे भइल अंतिम संस्कार; नम आंखन से दिहल गइल विदाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.