एक दिवसीय दौरा पs छपरा के मढ़ौरा पहुंचिहें मुख्यमंत्री: कइयन योजनन के करिहें शिलानयास, सुरक्षा के लेके प्रशासन अलर्ट

सीएम के सुरक्षा के लेके तइयारी में जुटल अधिकारी लो।

Share

सारण में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के आज एक दिवसीय कार्यक्रम आयोजित बा। जहां मढ़ौरा आ अमनौर प्रखंड के अलग-अलग जगहन पs नीतीश कुमार योजना के उद्घाटन, शिलान्यास आ निरीक्षण करिहें। शॉर्ट टाइम में मुख्यमंत्री के आगमन के लेके राजनीति महकमा से लेके प्रशासनिक महकमा में हड़कंप मचल बा।

तीन तीन के अंदर कार्यक्रम तय होखला के बाद जिला प्रशासन के ओर से सब तरे के तइयारी कइल जा रहल बा। नीतीश कुमार सड़क मार्ग से सारण के मढ़ौरा पहुचिहें। जहां अलग-अलग कार्यक्रम में ऊ सम्मिलित होइहें। जिला प्रशासन, मढ़ौरा नगर पंचायत आ अनुमंडल प्रशासन के ओर से तमाम तरे के योजना के उद्घाटन, निरीक्षण आ समीक्षा के लेके सब तरे के तइयारी पूरा कs लिहल गइल बा।

बतावल जा रहल बा कि नीतीश कुमार इहां लगभग 1 घंटा तक मढ़ौरा आ अमनौर प्रखंड में रुकिहें। नीतीश कुमार के मढ़ौरा में सरकारी दौरा कइयन मायनन में महत्वपूर्ण बतावल जा रहल बा।

मुख्यमंत्री के निर्धारित कार्यक्रम के सूची

1) 11:05 AM:- राजकीय पॉलिटेक्निक कॉलेज मढ़ौरा में आगमन आ राजकीय पॉलिटेक्निक कॉलेज परिसर में नवनिर्मित 300-300 क्षमता के दुगो छात्रावासन के उद्घाटन आउर राजकीय औद्योगिक प्रशिक्षण संस्थान अवस्थित सेंटर ऑफ एक्सीलेंस के उद्घाटन आ आउर विकास के योजनन के शिलान्यास आ उद्घाटन

2) 11:33 AM:- ग्रामपंचायत राज अमनौर हरनारायण में अवस्थित अमृत सरोवर के अवलोकन

3)11:45 AM:- ग्राम पंचायत राज अपहर आगमन आ भ्रमण आउर अलग-अलग योजनन से संबंधित लाभुकन के लाभ प्रदान करे के कार्यक्रम में भाग लेहल आ हरि जी अपहर उच्च विद्यालय-सह-इंटर कॉलेज अपहर के भ्रमण

4)12:05 PM:- मुख्यमंत्री सड़क मार्ग से राजधानी पटना खातिर प्रस्थान कs जइहें

साभार: दैनिक भास्कर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-