Gyanesh Kumar: मुख्य चुनाव आयुक्त ज्ञानेश कुमार संभरलें पदभार, 26 जनवरी 2029 तक रही कार्यकाल

मुख्य चुनाव आयुक्त ज्ञानेश कुमार

Share

ज्ञानेश कुमार बुध के 26वें मुख्य निर्वाचन आयुक्त (सीईसी) के रूप में पदभार ग्रहण कs लेलें। ज्ञानेश कुमार मार्च 2024 से निर्वाचन आयुक्त के पद पर कार्यरत रहस आ सोमार के उनका के मुख्य निर्वाचन आयुक्त के रूप में पदोन्नत कइल गइल। राजीव कुमार के मंगर के सेवानिवृत्त होखला के एक दिन बाद ज्ञानेश कुमार के निर्वाचन आयोग के प्रमुख के जिम्मेदारी सउपल गइल बा। सुखबीर सिंह संधू निर्वाचन आयुक्त हवे, जबकि विवेक जोशी के सोमार के निर्वाचन आयुक्त के पद पs नियुक्त कइल गइल।

नवनियुक्त मुख्य चुनाव आयुक्त ज्ञानेश कुमार कार्यभार संभरला के बाद कहलें, ‘राष्ट्र निर्माण खातिर पहिला डेग मतदान हs। एहिसे भारत के हर नागरिक जवन 18 बरिस के आयु पूरा कs चुकल बा, ओकरा के मतदाता बने के चाहीं आ हमेसा मतदान करे के चाहीं। भारत के संविधान, चुनांवी कानून, नियम आ ओमे जारी निरदेसन के अनुसार भारत के चुनाव आयोग मतदाता के संगे रहे आ हमेसा रही।’

ज्ञानेश कुमार के सोमार के नया मुख्य निर्वाचन आयुक्त नियुक्त कइल गइल रहे। ज्ञानेश कुमार निर्वाचन आयोग के सदस्यन के नियुक्ति खातिर कानून के तहत नियुक्त होखे वाला पहिला मुख्य निर्वाचन आयुक्त हवे। उनकर कार्यकाल 26 जनवरी, 2029 तक रही। एकरा कुछ दिन बादे निर्वाचन आयोग अगिला लोकसभा चुनाव के कार्यक्रम के घोषणा कs सकत बा। कानून के माेताबिक, मुख्य निर्वाचन आयुक्त भा निर्वाचन आयुक्त 65 वर्ष के आयु में सेवानिवृत्त होखेला लो भा फेर छव साल खातिर आयोग में रह सकत बाड़ें।

ज्ञानेश कुमार 26वां मुख्य निर्वाचन आयुक्त के रूप में अपना कार्यकाल के दौरान एह साल के अंत में बिहार विधानसभा चुनाव आ 2026 में केरल, पुडुचेरी, तमिलनाडु आ पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनावन के जिम्मेदारी संभरिहें। ऊ केंद्रीय गृह मंत्रालय में अपना कार्यकाल के दौरान जम्मू-कश्मीर में संविधान के अनुच्छेद 370 के कुछ प्रावधानन के निरस्त कइल गइला के बाद निर्णय के लागू करे में महत्वपूर्ण भूमिका निभवले रहे आ 15 मार्च, 2024 के निर्वाचन आयुक्त के रूप में कार्यभार संभरलें रहस। ऊ 1988 बैच के केरल कैडर के आईएएस अधिकारी हवे।

ऊ कानपुर के भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान (आईआईटी) से सिविल इंजीनियरिंग में बीटेक पूरा कइला के बाद आईसीएफएआई में बिजनेस फाइनेंस आ अमेरिका के हार्वर्ड विश्वविद्यालय के एचआईआईडी में पर्यावरण अर्थशास्त्र के पढ़ाई कइलें। ऊ केरल सरकार में एर्णाकुलम के सहायक जिलाधिकारी, अडूर के उपजिलाधिकारी, एससी/एसटी खातिर केरल राज्य विकास निगम के प्रबंध निदेशक, कोचीन निगम के नगर आयुक्त के अलावे आउर पदन पs काम कइले रहस।

केरल सरकार के सचिव के रूप में ज्ञानेश कुमार वित्त संसाधन, फास्ट-ट्रैक परियोजनन आ लोक निर्माण विभाग जइसन विविध विभागन के संभरलें। भारत सरकार में ऊ रक्षा मंत्रालय में संयुक्त सचिव, गृह मंत्रालय में संयुक्त सचिव आ अतिरिक्त सचिव, संसदीय कार्य मंत्रालय में सचिव आ सहकारिता मंत्रालय में सचिव के रूप में काम करे के अनुभव बा।

Vivek Joshi - फोटो : ANI
Vivek Joshi – फोटो : ANI



एकरा अलावे हरियाणा कैडर के 1989 बैच के भारतीय प्रशासनिक सेवा (आईएएस) अधिकारी विवेक जोशी निर्वाचन आयुक्त के तौर पs आपन पदभार ग्रहण कइलें। विवेक जोशी (58) के जन्म 21 मई 1966 के भइल रहे आ 2031 तक निर्वाचन आयोग में कामकाज संभरिहें।

Read Also: Share Market: फेर लाल निशान पs खुलल शेयर बाजार; सुरुआती गिरावट के बाद सेंसेक्स-निफ्टी वापसी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-