पटना। बिहार विधानसभा चुनाव के तारीख अब बस कुछ दिन में एलान होखे वाला बा। चुनावी तइयारियन के अंतिम समीक्षा खातिर भारत निर्वाचन आयोग के टीम मुख्य चुनाव आयुक्त ज्ञानेश कुमार के नेतृत्व में पटना पहुंच गइल बिया। उनका संगे चुनाव आयुक्त विवेक जोशी आ एसएस संधू सुक के रात पटना पहुंचल बा लोग। ई तीनो अधिकारी दू दिन तक बिहार में रहके चुनावी तैयारियन के जायजा ली लोग।
आज पटना के एगो बड़ा होटल में मुख्य चुनाव आयुक्त राजनीतिक दलन के प्रतिनिधियन से मुलाकात करीं। एह बैठक में मतदाता सूची, बूथ व्यवस्था आ चुनावी पारदर्शिता जइसन विषय पर फीडबैक लीहल जाई। हर पार्टी से अधिकतम तीन नेता के बुलावल गइल बा। एहमें राष्ट्रीय आ राज्य स्तर के पार्टी — बीजेपी, जदयू, राजद, कांग्रेस, आप, लोजपा, बसपा, आ सीपीआई (एम) जइसन दलन के प्रतिनिधि शामिल रही।
प्रशासनिक अफसरन संगे करिहें बैठक
राजनीतिक दलन से बातचीत के बाद मुख्य चुनाव आयुक्त पुलिस आ प्रशासनिक अफसरन संगे बैठक करिहें। एमे प्रमंडलीय आयुक्त, जिलाधिकारी, एसएसपी आ एसपी मौजूद रहिहें। अतवार के ज्ञानेश कुमार मुख्य निर्वाचन पदाधिकारी, केंद्रीय सशस्त्र पुलिस बल आ राज्य के मुख्य सचिव, डीजीपी सहित वरिष्ठ पदाधिकारी लोगन से बैठक करिहें।
चुनाव आयोग के अधिकारी बतावल लोग कि 243 सदस्यीय बिहार विधानसभा के कार्यकाल 22 नवंबर के खतम हो रहल बा। एहसे संभावना बा कि अक्टूबर के आखिरी भा नवंबर में कइयन गो चरण में चुनाव करावल जाई।
निमंत्रण पा चुकल प्रमुख राजनीतिक दलन के सूची
अपर मुख्य निर्वाचन पदाधिकारी अमित कुमार पांडेय के तरफ से जारी पत्र में जवना दलन के प्रतिनिधियन के बोलवल गइल बा, ओमे सामिल बा- आम आदमी पार्टी (AAP), बहुजन समाज पार्टी (BSP), भारतीय जनता पार्टी (BJP), कम्युनिस्ट पार्टी ऑफ इंडिया (मार्क्ससिस्ट) CPI(M), इंडियन नेशनल कांग्रेस (INC), जनता दल (यूनाइटेड) JDU, राष्ट्रीय जनता दल (RJD), लोक जनशक्ति पार्टी (LJP), राष्ट्रीय लोक जनशक्ति पार्टी (RLJP), राष्ट्रीय लोक समता पार्टी (RLSP) आ सीपीआई (एम-लेनिनिस्ट)।
Read Also: Operation Sindoor : वायुसेना प्रमुख के बड़ खुलासा- मार गिरावल गइल रहे पाकिस्तान के पांच लड़ाकू विमान