Bihar Election: बिहार में आज मुख्य चुनाव आयुक्त के प्रेस कॉन्फ्रेंस, का विधानसभा चुनाव के तारीख के होई ऐलान?

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 5, 2025

पटना। जइसे-जइसे बिहार विधानसभा चुनाव के तइयारी तेज होत जा रहल बा, ओही तरे चुनाव आयोग (ECI) स्वतंत्र आ निष्पक्ष चुनाव के पक्का करावे खातिर आपन गहिराह समीक्षा जारी रखले बा। अतवार से सुरू भइल

Share

पटना। जइसे-जइसे बिहार विधानसभा चुनाव के तइयारी तेज होत जा रहल बा, ओही तरे चुनाव आयोग (ECI) स्वतंत्र आ निष्पक्ष चुनाव के पक्का करावे खातिर आपन गहिराह समीक्षा जारी रखले बा। अतवार से सुरू भइल आयोग के दू दिन के दौरा आज दूसरका दिन में प्रवेश कs गइल बा।

आज मुख्य चुनाव आयुक्त ज्ञानेश कुमार के नेतृत्व में ईसीआई के शीर्ष टीम पटना में बइठक करत बिया। एह बइठक में चुनावी मैदान में धन बल आ बाहुबल के दुरुपयोग रोके के उपायन पs खास फोकस कइल जात बा।

ईसीआई आज आयकर विभाग, पुलिस आ आउर प्रवर्तन एजेंसियन के अधिकारी लोगन के संगे मिल के पारदर्शिता आ निष्पक्षता बनवले राखे खातिर ठोस रणनीति बनावत बा।

एह बइठक में अलग-अलग एजेंसियन के बीच समन्वय बढ़ावे, निगरानी मजबूत करे आ सब राजनीतिक दलन के बराबर मौका मिले, एह पs चर्चा हो रहल बा।

आज दुपहरिया 2 बजे चुनाव आयोग पटना में प्रेस कॉन्फ्रेंस करी, जवना में अब तक के तइयारियन, राजनीतिक दलन से मिलल सुझाव आ आगे के रोडमैप पs मीडिया के जानकारी दिहल जाई।

काल्ह सब राजनीतिक दल भइल रहे सामिल

सनिचर के दिन मुख्य चुनाव आयुक्त ज्ञानेश कुमार, चुनाव आयुक्त डॉ. सुखबीर सिंह संधू आ डॉ. विवेक जोशी के टीम सब राजनीतिक दलन से मुलाकात कइले रहे। एमे भाजपा, कांग्रेस, जदयू, राजद, लोजपा (रामविलास), आरएलजेपी, सीपीआई, सीपीआई(एम), सीपीआई(एमएल), बसपा, आप आ एनपीपी सहित प्रमुख दलन के प्रतिनिधि मौजूद रहे लोग।

सब दल चुनाव आयोग के मतदाता सूची के सफाई आ विशेष पुनरीक्षण (SIR) के काम खातिर सराहना कइल। संगही सुझाव देलस कि छठ पर्व के बाद चुनाव करावल जाव, ताकि मतदाता जादे संख्या में वोट डाले आ सके लोग।

दलन के ओर से इहो कहल गइल कि प्रति मतदान केंद्र मतदाता के संख्या 1,200 से जादे ना होखे, डाक मतपत्र के गिनती समय से होखे, आ मतदान के बाद पार्टी एजेंटन के फॉर्म 17C अनिवार्य रूप से दिहल जाव।

कुल मिलाके, बिहार में चुनावी हलचल तेज हो गइल बा। अब सबकर निगाह आज के प्रेस कॉन्फ्रेंस पs टिकल बा कि का ईसीआई विधानसभा चुनाव के तारीख के ऐलान कर दी?

Read Also: Bihar Election 2025 : बिहार चुनाव के तइयारी खातिर पटना पहुंचलें मुख्य चुनाव आयुक्त, आज राजनीतिक दलन से करिहें मीटिंग

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.