28 जून तक हर सुक आ बुध के चली छपरा-जलना स्पेशल ट्रेन: 18 कोच के संगे मिली ट्रेन के खास सुविधा

khabar Bhojpuri Desk

रेलवे यात्रियन के अतिरिक्त भीड़ के धेयान में रखत पहिले से चलावल जा रहल ट्रेन संख्या 07651-07652 जलना-छपरा-जलना विशेष गाड़ी के संचालन अवधि में विस्तार कइले बा। एह ट्रेन के संचालन अवधि विस्तारित होखे से छपरा आ आसपास के यात्रियन के जलना के बीच यात्रा करे में सहूलियत मिली। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार के ओर से पत्र जारी कs के दिहल गइल बा।

छपरा से जलना के बीच चले वाली ई अकेला ट्रेन

जलना से हर बुध के चलावल जा रहल 07651 जलना-छपरा विशेष गाड़ी के अवधि विस्तार 26 जून तक आ छपरा से हर सुक के चलावल जा रहल 07652 छपरा-जलना विशेष गाड़ी के अवधि विस्तार 28 जून तक कइल गइल बा। छपरा से जलना के बीच चले वाली ई एकमात्र ट्रेन हियs।

एह गाड़ी में एसएलआर के दुगो, साधारण द्वितीय श्रेणी के पांच गो, शयनयान श्रेणी के आठ गो, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के दुगो, वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी के एगो कोच सहित कुल 18 गो कोच लगावल जा रहल बा।

Share This Article
खबर भोजपुरी के आधिकारिक समाचार अपडेट प्रोफ़ाइल पs रउआ सभे के स्वागत बा।