सीवान से होके गुजरी छपरा-अमृतसर होली स्पेशल ट्रेन : होली में घर लवटे वालन के ना होई परेसानी, गोपालगंज के यात्रियन के होई फायदा

Share

होली में यात्रियन के बढ़त भीड़ के धेयान में रखत सीवान रेलवे स्टेशन से होके गुजरे वाली छपरा-अमृतसर होली स्पेशल ट्रेन के संचालन कइल जाई। पूर्वोतर रेलवे के जनसंपर्क अधिकारी अशोक कुमार बतवलें कि पंजाब के अमृतसर, लुधियाना, जालंधर जइसन शहर में बिहार आ उत्तर प्रदेश के अधिकतर लोग रहेला।

जे होली के अवसर पs वापस अपना घरे लवटेला। होली के अवसर पs यात्रियन के बढ़त भीड़ के धेयान में रखत स्पेशल ट्रेन के संचालन कइल जा रहल बा।

रेल यात्रियन के होई सहूलियत

05049/05050 छपरा-अमृतसर होली स्पेशल ट्रेन 22 आ 29 मार्च के अमृतसर से छपरा खातिर चलावल जाई। ई ट्रेन सीवान रेलवे स्टेशन से होके गुजरी। ओहिजा, 23 आ 30 मार्च के छपरा से अमृतसर खातिर चलावल जाई। जवन सीवान से होत थावे, तमकुही, कप्तानगंज, गोरखपुर के रास्ते खलीलाबाद, बस्ती होत लुधियाना, जालंधर आ अमृतसर के जाई।

ई ट्रेन छपरा से दिन के 9:55 बजे खुली जवन सीवान 10:45 बजे पहुंची। एह ट्रेन के संचालन से यात्रियन के अब यात्रा करे में बहुते आसानी होई। एसे सीवान, छपरा आ गोपालगंज के यात्रियन के अब कठिनाई के सामना ना करे के पड़ी। होली के अवसर पs ट्रेन के टिकट ना मिलला के कारण दोसर प्रदेश से लवटे वाला लोग बहुते परेसान रहे। अब आसानी से यात्रा कइल जा सकी।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-