[the_ad_group id="30365"]

अरे दीदी इs कइसे कइलू? एक्सीडेंट के Video देखके रउरो मन में उठ सकेला अइसन सवाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सोशल मीडिया पs रोज बहुते वीडियो वायरल हो जाला। एहमें अधिकतर वीडियो मनोरंजन से जुड़ल बा। लेकिन कबो-कबो सोशल मीडिया पs सड़क दुर्घटना के वीडियो भी वायरल हो जाला। कुछ वीडियो देखला के बाद समझल जा सकता कि इs दुर्घटना कईसे हो सकत रहे। लेकिन अब जवन वीडियो वायरल हो रहल बा उs सबके हैरान कs देले बा। वीडियो देखला के बाद रउवा इs ना समझ पाईब कि इs दुर्घटना कईसे भईल? आईं बताईं जा कि वीडियो में का देखल जा रहल बा।

वीडियो में का देखल गईल?

आज तक सड़क दुर्घटना के कई गो वीडियो रउवा सभे देखले होखब। लेकिन अब जवन वीडियो वायरल हो रहल बा, उs अयीसन दुर्घटना कबहूँ ना देखाई देत। वीडियो में देखल जाता कि केहु के घर के छत पs स्कूटी फंसल बा। हालांकि एs दुर्घटना में स्कूटी पs बईठल दुनो महिला सुरक्षित बाड़ी, लेकिन लोग के समझ में नईखे आवत कि इs दुर्घटना कईसे भईल अवुरी स्कूटी केहु के घर के छत से कईसे टकरा गईल।

ई वीडियो माइक्रो ब्लॉगिंग पs @jpsin1 नाम के एगो अकाउंट के साथे शेयर कइल गइल बा। वीडियो के संगे कैप्शन में लिखल बा कि, ‘सोचीं कि इs दुर्घटना कईसे भईल, उs महिला हई, उs कुछूओ क सकतारी।’ खबर लिखे के समय तक ए वीडियो के 2 लाख 35 हजार से जादे लोग देख चुकल बाड़े। वीडियो देखला के बाद एगो यूजर लिखले कि – अयीसन सीन हम खाली फिल्म में देखले रहनी। एगो अउरी यूजर लिखले बा – बीच सड़क में घर कईसे बनल इs जांच के विषय बा। तीसरा प्रयोगकर्ता लिखले- लेकिन ई कइसे भइल? एगो यूजर लिखले बा – आसमान से गिरल झोपड़ी में फंसल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]