छपरा (सारण)। बिहार के सारण जिला के मुफस्सिल थाना क्षेत्र इस्थित नैनी उत्तर टोला गांव में सुक के देर रात एगो रिटायर्ड फौजी के पीट-पीटके हत्या कs दिहल गइल। मृतक के पहचान महेश प्रसाद राय के रूप में भइल बा, जे भारतीय सेना से सेवानिवृत्त होके गांव में खेती-बाड़ी कs के जीवन यापन करत रहस।
20 साल पुरान जमीनी विवाद बनल मौत के वजह
सूत्रन के अनुसार, एह हत्या के पीछे बीतल दु दशकन से चलल आ रहल जमीन के विवाद बा। सुक के देर रात महिला लोगन के बीच कवनो बात के लेके कहासुनी भइल, जवन जल्दिये हिंसक झगड़ा में बदल गइल। एही दौरान दूसरका के पक्ष के लोग महेश राय पs लाठी-डंडा से हमला कs दिहल, जवना से मवके पs उनकर मौत हो गइल।
आरोपी फरार, गांव में तनाव के माहौल
घटना के बाद आरोपी पक्ष के सब सदस्य घर में ताला लगाके फरार हो गइलें। शोर-शराबा आ हंगामा के सूचना पs एसपी शिखर चौधरी, साइबर डीएसपी अमन आ मुफस्सिल थाना पुलिस मवका पs पहुंचल आ हालात के नियंत्रित कइल।
पुलिस शव के कब्जा में लेके छपरा सदर अस्पताल भेजलें, जहां पोस्टमार्टम के बाद शव परिजनन के सौंप दिहल गइल। मृतक के पत्नी के बयान के आधार पs प्राथमिकी दर्ज कs लिहल गइल बा।
पुलिस सुरू कइलस छापेमारी
मुफस्सिल थाना प्रभारी मनोज प्रभाकर बतवलें कि ई आपसी विवाद के ममिला हs। आरोपी फरार बा आ गिरफ्तारी खातिर लगातार छापेमारी कइल जा रहल बा। घटना के बाद से गांव में तनाव आ दहशत के माहौल बा।