Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर से चले वाला 7 ट्रेन के बदलल रूट : गोरखपुर-एलटीटी एक्सप्रेस प्रयागराज होत ना चली; अमृतसर एक्सप्रेस के रूट भी बदल गईल

गोरखपुर से चले वाला आ गोरखपुर से गुजरे वाला कई गो ट्रेनन के रूट बदल गइल बा| माने कि कुछ ट्रेन अब अपना निर्धारित रूट के बजाय बदलल रूट से चली। हालांकि इ कुछ दिन खातीर ही चली।

1,825

गोरखपुर से चले वाला 7 ट्रेन के बदलल रूट : गोरखपुर-एलटीटी एक्सप्रेस प्रयागराज होत ना चली; अमृतसर एक्सप्रेस के रूट भी बदल गईल

गोरखपुर से चले वाला आ गोरखपुर से गुजरे वाला कई गो ट्रेनन के रूट बदल गइल बा| माने कि कुछ ट्रेन अब अपना निर्धारित रूट के बजाय बदलल रूट से चली। हालांकि इ कुछ दिन खातीर ही चली।

एनई रेलवे के सीपीआरओ पंकज कुमार सिंह बतवले कि पूर्वोत्तर रेलवे के वाराणसी मंडल के औंड़िहार-भटनी रूट इंदारा-कीड़िहरापुर के बीच पैच अउरी डबल लाइन के काम चलता। एकरा संगे इंदरा यार्ड के रिमाडलिंग खातीर 11 से 26 मार्च तक प्री-नॉनइंटरलॉक के काम कईल जाई। जबकि 26 से 30 मार्च तक गैर इंटरलॉक के काम होई। अइसना में एह रूट पे चले वाली 7 गो ट्रेन के रूट बदल दिहल गइल बा| काम पूरा होखला के बाद फेर से इ ट्रेन अपना निर्धारित रूट पे चली।

 

एह ट्रेनन के रूट बदल दिहल गइल

• 30 मार्च के गोरखपुर से रवाना होखे वाली 15018 गोरखपुर-लोकमान्य तिलक टर्मिनस एक्सप्रेस के अपना निर्धारित मार्ग गोरखपुर-भटनी-वाराणसी-प्रयागराज के जगह गोरखपुर-मानकापुर-अयोध्या कैंट-प्रतापगढ़-प्रयागराज होत चले खातिर डायवर्ट क दिहल जाई।

• 29 मार्च के लोकमान्य तिलक टर्मिनस से निकले वाली 15017 लोकमान्य तिलक टर्मिनस-गोरखपुर एक्सप्रेस के अपना निर्धारित रूट प्रयागराज-वाराणसी-भटनी-गोरखपुर के जगह प्रयागराज-प्रतापगढ़-अयोध्या कैंट-मानकापुर-गोरखपुर होत चले खातिर डायवर्ट क दिहल जाई।

•27 आ 29 मार्च के अमृतसर से रवाना होखे वाला 14650 अमृतसर-जयनगर एक्सप्रेस के अपना निर्धारित रूट शाहगंज-मऊ-इंदरा-फफना-छपरा के जगह लखनऊ-बाराबंकी-गोंडा-गोरखपुर-छपरा होत चले खातिर डायवर्ट क दिहल जाई

•29 मार्च के लोकमान्य तिलक टर्मिनस से निकले वाला 11055 लोकमान्य तिलक टर्मिनस-गोरखपुर एक्सप्रेस के अपना निर्धारित रूट शाहगंज-मऊ-भटनी-गोरखपुर के जगह प्रतापगढ़-अयोध्या कैंट-मनकापुर-गोरखपुर होत चले खातिर डायवर्ट क दिहल जाई।

• 29 मार्च के दुर्ग से निकले वाली 18201 दुर्ग-नौतनवा एक्सप्रेस के अपना निर्धारित मार्ग वाराणसी-भटनी-गोरखपुर के बजाय प्रयागराज-प्रतापगढ़-अयोध्या कैंट-मनकापुर-गोरखपुर होके चले खातिर डायवर्ट क दिहल जाई।

•28 मार्च के जयनगर से रवाना होखे वाला 14649 जयनगर-अमृतसर एक्सप्रेस के फफना-गाजीपुर सिटी-जौनपुर-शाहगंज होत चले खातिर डायवर्ट क दिहल जाई।

• 28 मार्च के किशनगंज से रवाना होखे वाला किशनगंज-अजमेर एक्सप्रेस के फफना-गाजीपुर सिटी-जौनपुर-शाहगंज होत चले खातिर डायवर्ट क दिहल जाई।

 

 

495720cookie-checkगोरखपुर से चले वाला 7 ट्रेन के बदलल रूट : गोरखपुर-एलटीटी एक्सप्रेस प्रयागराज होत ना चली; अमृतसर एक्सप्रेस के रूट भी बदल गईल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.