छपरा से चले वाली ट्रेनन के नंबर में बदलाव: एक जनवरी से लागू होई नियम, देखीं परिवर्तित गाड़ियन के सूची

ट्रेनन के नंबर में बदलाव कइल गइल baa

Share

रेलवे प्रशासन के ओर से समूचा भारतीय रेल पs आगे के ’’0’’ (जीरो) नम्बर के संगे चलावल जा रहल अनारक्षित सवारी विशेष गाड़ियन आउर मेमू, डेमू आ आउर विशेष गाड़ियन के नंबर में 01 जनवरी, 2025 से परिवर्तन कs के नया नंबर के संगे चलावल जाई। 1 जनवरी, 2025 से पूर्वोत्तर रेलवे से ’’0’’ (जीरो) नम्बर से चलावल जाये वाला नीचे लिखल मेमू, डेमू आ आउर अनारक्षित सवारी विशेष गाड़ियन के नया नंबर से चलावल जाई।

एकरा अलावे कुछ मेल/एक्सप्रेस आ सुपरफास्ट गाड़ियन के नंबर में परिवर्तन कइल गइल बा। एह दौरान छपरा से चले वाली कइयन ट्रेनन के संख्या आ नाम मे परिवर्तन भइल बा। ई ट्रेन नया नंबर के संगे संचालित होइहें सs।

छपरा से चले वाली ट्रेनन के परिवर्तित नंबर

  1. वर्तमान में चलावल जा रहल 05443 छपरा कचहरी-मऊ अनारक्षित विशेष गाड़ी 01 जनवरी, 2025 से नया नंबर 55101 से चलावल जाई।
  2. वर्तमान में चलावल जा रहल 05124 छपरा कचहरी-थावे अनारक्षित विशेष गाड़ी 01 जनवरी, 2025 से नया नंबर 55104 से चलावल जाई।
  3. वर्तमान में चलावल जा रहल 05123 थावे-छपरा कचहरी अनारक्षित विशेष गाड़ी 01 जनवरी, 2025 से नया नंबर 55103 से चलावल जाई।
  4. वर्तमान में चलावल जा रहल 05163 छपरा कचहरी-थावे अनारक्षित विशेष गाड़ी 01 जनवरी, 2025 से नया नंबर 55105 से चलावल जाई।
  5. वर्तमान में चलावल जा रहल 05164 थावे-छपरा कचहरी अनारक्षित विशेष गाड़ी 01 जनवरी, 2025 से नया नंबर 55106 से चलावल जाई।
  6. वर्तमान में चलावल जा रहल 05122 छपरा कचहरी-थावे अनारक्षित विशेष गाड़ी 01 जनवरी, 2025 से नया नंबर 55110 से चलावल जाई।
  7. वर्तमान में चलावल जा रहल 05445 छपरा-वाराणसी सिटी अनारक्षित विशेष गाड़ी 01 जनवरी, 2025 से नया नंबर 55139 से चलावल जाई।
  8. वर्तमान में चलावल जा रहल 05446 वाराणसी सिटी-छपरा अनारक्षित विशेष गाड़ी 01 जनवरी, 2025 से नया नंबर 55140 से चलावल जाई।
  9. वर्तमान में चलावल जा रहल 05444 मऊ-छपरा कचहरी अनारक्षित विशेष गाड़ी 01 जनवरी, 2025 से नया नंबर 55102 से चलावल जाई।
  10. गाड़ी संख्या 22531 छपरा-मथुरा जं. एक्सप्रेस 05 मार्च, 2025 से छपरा से परिवर्तित गाड़ी संख्या 15109 छपरा-मथुरा जं. एक्सप्रेस के रूप में चलावल जाई।
  11. गाड़ी संख्या 22532 मथुरा जं.-छपरा एक्सप्रेस 05 मार्च, 2025 से मथुरा जं. से परिवर्तित गाड़ी संख्या 15110 मथुरा जं.-छपरा एक्सप्रेस के रूप में चलावल जाई।
  12. गाड़ी संख्या 15101 छपरा-लोकमान्य तिलक टर्मिनस एक्सप्रेस 07 जनवरी, 2025 से छपरा से परिवर्तित गाड़ी संख्या 22583 छपरा-लोकमान्य तिलक टर्मिनस एक्सप्रेस के रूप में चलावल जाई।
  13. गाड़ी संख्या 15102 लोकमान्य तिलक टर्मिनस-छपरा एक्सप्रेस 09 जनवरी, 2025 से लोकमान्य तिलक टर्मिनस से परिवर्तित गाड़ी संख्या 22584 लोकमान्य तिलक टर्मिनस-छपरा एक्सप्रेस के रूप में चलावल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-