Chandigarh Airport Closure : 12 दिन तक ना उड़ी प्लेन, सब फ्लाइट बुकिंग रद्द, रिफंड सुरू- जान लीं कारण

Share

चंडीगढ़। चंडीगढ़ इंटरनेशनल एयरपोर्ट 26 अक्टूबर से 7 नवंबर तक बंद (Chandigarh Airport Closure) रही। ई बंदी रनवे के मरम्मत आ ग्राउंड लाइटिंग सिस्टम के अपग्रेड करे खातिर कइल जा रहल बा। एह दौरान खास अनुमति से खाली हेलीकॉप्टर जइसन रोटरी विंग एयरक्राफ्ट उड़ी।

सब एयरलाइंस के मिलल नोटिस

एयरपोर्ट के सीईओ अजय वर्मा जानकारी देलें कि रनवे-11 आ रनवे-29 पs पॉलीमर मोडीफाइड इमल्शन के काम होई आ संगही ग्राउंड लाइटिंग सिस्टम अपग्रेड होई। बियफे के आदेस जारी भइल कि 12 दिन खातिर एयरपोर्ट पs कवनो फ्लाइट ना उड़ी। अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा के रनवे ना खाली सिविल एयरलाइंस बलुक एयरफोर्सो इस्तेमाल करेला, एही से समय-समय पs नवीनीकरण जरूरी होला।

एयरपोर्ट अथॉरिटी सभ एयरलाइंस कंपनी के सूचना दे दिहले बा कि 26 अक्टूबर से 7 नवंबर तक सभे फ्लाइट बुकिंग बंद बा। जे यात्री पहिले से टिकट कटवले रहस, ओकरा के रिफंड वापस मिल रहल बा।

आईएलएस सिस्टम अपग्रेड के तैयारी

एयरपोर्ट अथॉरिटी रनवे-11 पs इंस्ट्रूमेंट लैंडिंग सिस्टम (ILS) कैट-2 अपग्रेड कइला पs विचार कs रहल बा। हालांकि, एकरा पs आधिकारिक बयान अभी तक नइखे आइल। कोरिया से 2 करोड़ के लागत वाला उपकरण मंगावल जा रहल बा जवन रनवे के लाइटिंग आ लैंडिंग सिस्टम के बेहतर बनाई।

शटडाउन के दौरान यात्री आ एयरलाइंस कंपनी के सुविधा खातिर एयरपोर्ट अथॉरिटी सब तइयारी सुरू कs देले बा।

Read Also: Lalu Yadav Family Controversy : तेजस्वी के करीबी संजय यादव अइलें सामने, रोहिणी आचार्य के आरोप पs देलें जवाब

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-