Lalu Yadav Family Controversy : तेजस्वी के करीबी संजय यादव अइलें सामने, रोहिणी आचार्य के आरोप पs देलें जवाब

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 26, 2025

पटना। पिछला कुछ दिन से राजद (RJD) सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के बेटी रोहिणी आचार्य के सोशल मीडिया पोस्ट पs सियासी गलियारा गरम बा। एह मुद्दा पs पहिला बेर तेज प्रताप यादव खुलके बोललें। अब

Share

पटना। पिछला कुछ दिन से राजद (RJD) सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के बेटी रोहिणी आचार्य के सोशल मीडिया पोस्ट पs सियासी गलियारा गरम बा। एह मुद्दा पs पहिला बेर तेज प्रताप यादव खुलके बोललें। अब तेजस्वी यादव के करीबी आ राजद सांसद संजय यादव सामने अइलें आ रोहिणी आचार्य के आरोप पs आपन पक्ष रखलन।

संजय यादव साफ-साफ कहले कि “रोहिणी दीदी जे कहली, ओकरा संदर्भ के हमनी सभे भलk-भांति बुझतानी। पार्टी पूरा तरे से एकजुट बिया। राजद में ना तs कवनो तरे के भ्रम बा, ना कवनो मतभेद बा।”

‘भाजपा के हरावल असली लक्ष्य बा’

संजय यादव कहलें कि “रोहिणी दीदी जे त्याग आ बलिदान कइली, ओकरा के भाजपा आ ट्रोलर लोग कभियो ना समझ पाई। ओह बलिदान के महत्व के भाजपा समझ ना सकेले। जे लोग भ्रम फइलावत बा, ओह लोग के कवनो फायदा नइखे होखे वाला। लालू परिवार आ पूरा पार्टी एकजुट बा। एके लक्ष्य बा – भाजपा के हरावल आ ई सरकार के उखाड़ फेंकल। जनता जल्दिये भाजपा आ ओकरा साथी लोगन के जवाब दी।”

‘भ्रम भाजपा फैला रहल बिया, बिहार सब कुछ जानता’

संजय यादव कहलें कि “हमनी के पार्टी के समर्पित कार्यकर्ता बानी सs, आ अध्यक्ष हमरा पs जवन जिम्मेदारी देलें बाड़ें, ऊ निभावत बानी। भाजपा चाहत बिया कि भ्रम फइले। बाकिर बिहार लोकतंत्र के जननी हवे, ई कभियो ना सही कि लोकतंत्र के चुनाव आयोग के जरिये कुचलल जाव। भाजपा के सबसे बेसी डर बिहार से बा। काहे कि ई देस के एकमात्र राज्य हवे जहां आज तक भाजपा के मुख्यमंत्री नइखे बन सकल।”

ऊ कहलें- “एही से भाजपा तरे-तरे के हथकंडा अपनावत बिया। कहीं दस-दस हजार रुपया बांटल जा रहल बा, कहीं तीन-तीन बेर प्रभारी बदलल जा रहल बा। ई साफ बतावत बा कि ओह लोग के बिहार के लेके केतना चिंता बा।”

रोहिणी आचार्य का कहले रहली?

18 सितंबर के रोहिणी आचार्य पोस्ट कइले रहली कि ऊ लालू-तेजस्वी के जगह लेवे के कोसिस करेवाला लोग के देखल पसंद ना करेली। ऊ आलोक कुमार के पोस्ट शेयर कइली। ओह पोस्ट में लिखल रहे कि – “फ्रंट सीट हमेसा टॉप नेता खातिर चिन्हित होला, आ ओकरा अनुपस्थिति में केहू के ओह सीट पs ना बइठे के चाहीं।”

19 सितंबर के रोहिणी आचार्य आपन पापा लालू यादव के जीवनदान वाला फोटो-वीडियो शेयर कइली आ लिखली – “जे लोग जान हथेली पs राखके बलिदान देवे के जज्बा रखेला, बेखौफी, बेबाकी आ खुद्दारी ओकरा खुन में बहेला।”

फेरू रोहिणी दोसर पोस्ट कइली, जवना में कहली- “हम एगो बेटी आ बहिन के नाते आपन कर्तव्य निभवनी आ निभावत रहब। हमरा कवनो पद के लालसा नइखे, ना राजनीतिक महत्वाकांक्षा बा। हमरा खातिर आत्म-सम्मान सबसे ऊपर बा।” ई पोस्ट सोशल मीडिया पर तेजी से वायरल हो गइल।

Read Also: Asia Cup 2025 : 41 बरिस में एशिया कप फाइनल में पहिला बेर भिड़ी भारत-पाकिस्तान, बांग्लादेश बाहर

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.