मुफ्त राशन के स्कीम तीन महीना खातिर बढ़वलस केंद्र सरकार
केंद्र सरकार अपने कर्मचारियन के त्याेहार के पहिले बड़ तोहफा दिहले बा। केंद्र सरकार प्रधानमंत्री गरीब कल्याण अन्न योजना (पीएमजीकेएवाई) के तहत मुफ्त राशन वितरण के अवधि भी तीन महीना खातिर बढ़ा दिहले बा। बता देईं कि देश में वर्तमान में चल रहल मुफ्त राशन स्कीम से देश के करीब 80 करोड़ गरीब लोग लाभान्वित हो रहल बानें।
राष्ट्रीय खाद्य सुरक्षा कानून के तहत एतना ही राशन सब्सिडी पर पहिले से मिलत रहल बा, लेकिन पीएम गरीब कल्याण अन्न योजना के तहत मिलने वाला राशन मुफ्त अउरी एसे अलग बा। बता देईं कि कोरोना काल में लॉकडाउन से प्रभावित लोग के मदद खातिर सरकार ई योजना लेके आइल रहल। जेसे बड़ पैमाना पर गरीब तबके के लोग के फायदा मिलल
Comments are closed.