खाये के तेल होई सस्ता, सरकार दू साल खातिर खतम कइलस ड्यूटी

Share

Edible Oil: कुकिंग ऑयल के दाम कम होखे के उम्मेद बा। केंद्र सरकार खाये के तेल पs बड़ फसीला लेलस। दु साल ला सरकार कस्टम ड्यूटी हटा देले बिया। सोयाबीन आ सनफ्लावर तेल के आयात पs कस्टम ड्यूटी के खतम कइल गइल बा। कृषि आ बुनियादी शुल्क आ विकास सेस के जीरो कs दिहल गइल बा। सरकार के ई फसीला 24 मई के आधा रात से प्रभावी हो गइल बा।

वित्त मंत्रालय जारी कइलस नोटिफिकेशन

वित्त मंत्रालय द्वारा जारी नोटिफिकेशन के मोताबिक क्रूड सोयाबीन तेल आ क्रूड सूरजमुखी ऑयल के दु गो वित्तीय वर्ष 2022-23, 2023-24 खातिर हर साल 20 लाख मीट्रिक टन के आयात मुफ्त कइल गइल बा। सरकार कहलस, ‘कस्टम्स ड्यूटी, एग्रीकल्चरल इंफ्रास्ट्रक्चर आ डेवलपमेंट सेस के समाप्त कइल गइल बा। एह टैक्सन के देले बिना कुकिंग ऑयल के आयात करे के अनुमति रही।’

महंगाई पs लागी रोक, जनता के मिली राहत

केंद्रीय अप्रत्यक्ष कर आ सीमा शुल्क बोर्ड (सीबीआइसी)  ट्वीट कइलस। कहलस कि एह डेग से महंगाई पs अंकुश लागी। आम आदमी के राहत मिली। भारत अपना जरूरत के 60 % खाद्य तेल आयात करेला। महंगाई में खाद्य तेल के प्रमुख भागीदारी बा। पिछला तीन महीनन से खाद्य तेल के खुदरा दाम में 15% से जादे के बढ़न्ती दर्ज कइल गइल बा।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-