Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Financial: उत्तर प्रदेश के अर्थशास्त्र…प्रदेश के केंद्र से मिली 2.57 लाख करोड़ रुपिया से जादे

3,353

पिछला तीन वित्तीय वर्ष से चुनौतियन के सामना कs रहल प्रदेश खातिर राहत के संकेत बा। वित्त वर्ष 2022-23 में केंद्रीय करन में हिस्सेदारी, केंद्र से सहायता अनुदान आ करजा के रूप में लगभग 2.57 लाख करोड़ रुपिया मिले के अनुमान बा। ई चालू वित्त वर्ष के अपेक्षा 48,977 करोड़ रुपिया आ 26.28 प्रतिशत जादे बा। एकरा के अर्थव्यवस्था के तेजी से पटरी पs लवटला के संकेत के रूप में देखल जा रहल बा।

सरकार वित्त वर्ष 2021-22 में यूपी के केंद्रीय करन में हिस्सेदारी, केंद्र से सहायता अनुदान आ केंद्र से करजा एडवांस के रूप में 2,08,673.77 करोड़ रुपये मिले के अनुमान लगवले रहे। 2022-23 में एही मद में 2,57,651.23 करोड़ मिले के अनुमान लगावल गइल बा। ई चालू वित्त वर्ष के अपेक्षा 48,977.46 करोड़ रुपिया जादे बा। केन्द्रीय कर में जीएसटी, निगम कर, सीमा शुल्क, सेवा शुल्क, सेवा कर आदि मद शामिल बा।

प्रदेश सरकार राज्य के कर आ करेत्तर राजस्व में बढ़िया बढ़न्ती के अनुमान लगवले बा। उम्मीद बा कि चालू वित्त वर्ष के अपेक्षा कर राजस्व में करीब 34,310 करोड़ रुपये के बढ़न्ती होई। हालांकि, करेत्तर राजस्व में कुछ कमी के संभावना व्यक्त कइल गइल बा। 2021-22 में करेत्तर राजस्व 25,421.67 करोड़ रहे के अनुमान लगावल गइल रहे। एकरा के 2022-23 में घटाके 23,406.48 करोड़ रहे के अनुमान लगावल गइल बा। एह तरे 2015.19 करोड़ रुपिया के कमी हो सकत बा।

 

2022-23 में एह तरे केंद्रीय सहायता मिले के उम्मीद बा (करोड़ रुपये में)

मद वित्त वर्ष     2021-23           वित्त वर्ष 2022-23

केंद्रीय करों में राज्य का अंश 119395.30 146498.76

केंद्र सरकार से सहायता अनुदान 87178.47 108652.47

259770cookie-checkFinancial: उत्तर प्रदेश के अर्थशास्त्र…प्रदेश के केंद्र से मिली 2.57 लाख करोड़ रुपिया से जादे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.