केंद्र आ ट्रकर्स बॉडी में हड़ताल खतम करे पs सहमति : AIMTC हड़ताली चालकन से काम पs लवटे के अपील कइलस 

Share

केंद्र सरकार आ ऑल इंडिया मोटर ट्रांसपोर्ट कांग्रेस (AIMTC) के बीच मंगर के हड़ताल खतम करे पs सहमति बन गइल। एकरा बाद सरकार के ओर से नई दिल्ली में केंद्रीय गृहसचिव अजय भल्ला मीडिया से कहलें- हमनी के आश्वासन देले बानी सs कि हिट एंड रन के नया कानून AIMTC से चरचा कइला बिना लागू ना कइल जाई।

एह बैठक के बाद AIMTC आ सरकार ट्रक ड्राइवर्स से काम पs लवटे के अपील कइलस।

ट्रक चालकन के हड़ताल से जुड़ल अपडेट

  • मध्य प्रदेश आ राजस्थान सहित 10 राज्यन से पेट्रोल-डीजल पंप खाली भइल। चंडीगढ़ में शर्तन पs पेट्रोल-डीजल दिहल गइल।
  • छत्तीसगढ़ में पुलिस के कस्टडी में पेट्रोल सप्लाई कइल गइल। यूपी के मैनपुरी में प्रदर्शनकारी चालकन के हटावे खातिर पुलिस आंसू गैस के गोला दगलस।
  • बिहार के हाजीपुर, राजस्थान के अजमेर, मध्य प्रदेश के खरगोन में पुलिस आ प्रदर्शकारियों के बीच झड़प भइल।
  • मध्य प्रदेश हाईकोर्ट में मंगर के दुगो याचिकन पs सुनवाई कइलस। कोर्ट राज्य सरकार के निरदेस देलस कि हड़ताल तुरंत खतम करवाके परिवहन बहाल करवावे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-