CBSE परीक्षा में कम अंक अइला के शिकायत होई दूर : मार्क्स वेरिफिकेशन खातिर आज से आवेदन सुरू, करे के होई 500 रुपिया के होई भुगतान 

Share

केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (CBSE) 12वीं के रिजल्ट जारी कs देके बा। जे विद्यार्थी अपना अंकन से संतुष्ट नइखे, ऊ आज से मार्क्स वेरिफिकेशन खातिर अप्लाई कs सकत बा। परीक्षार्थी अपना उत्तर पुस्तिका के स्कैन फोटो कॉपियो प्राप्त कs सकत बा लो। संगही उत्तर पुस्तिका पs दिहल गइल अंकन के पुनर्मूल्यांकन खातिर अनुरोध कs सकत बा लो।

मार्क्स वेरिफिकेशन खातिर 21 मई तक आवेदन

सीबीएसई आज से ऑनलाइन मार्क्स वेरिफिकेशन खातिर पोर्टल खोल देले बा। आवेदन 21 मई तक कइल जा सकत बा। छात्रन के हर विषय 500 रुपए शुल्क के तौर पs देवे के होई। एक बेर रजिस्टर होखला के बाद छात्र परीक्षकन के ओर से दिहल अंकन के जांच कs सकी। सीबीएसई कावर  से ई डेग परीक्षार्थियन के शिकायत दूर करे के उद्देश्य से उठावल गइल बा। जे कम अंक मिले के बात कर बा। अब ऊ उत्तरवार अंक देख सकी लो।

उत्तर पुस्तिका के फोटो कॉपी खातिर 700 रुपिया देवे के होई 

आवेदन करे वाला परीक्षार्थी अपना उत्तर पुस्तिका के फोटो कॉपी प्राप्त कइल चाहत बा लो, तs ऊ एक से दु जून तक आवेदन कs सकत बा लो। एमे विद्यार्थियन के प्रति उत्तर पुस्तिका खातिर 700 रुपिया के भुगतान करे के होई। एकरा बादे विद्यार्थियन के पुर्नमूल्यांकन के सुविधा मिली। एकरा खातिर लिए छह से सात जून तक आवेदन कइल जा सकत बा। पुनर्मूल्यांकन खातिर प्रति प्रश्न 100 रुपिया के  शुल्क के भुगतान करे के होई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-