[the_ad_group id="30365"]

Adda247 में फैकल्टी के पदन पs वैकेंसी, ग्रेजुएट कs  सकेला अप्लाय, गुरुग्राम रहीं पोस्टिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत के सबसे बड़ ई-लर्निंग पोर्टल में से एगो Adda247 फैकल्टी के पोस्ट पs वैकेंसी निकलले बा। कंपनी के बिहार वर्टिकल में फुलटाइम फैकल्टी के तलाश बा। कैंडिडेट के बिहार भर्ती परीक्षा के पूरा सिलेबस आ सब्जेक्ट्स के बेहतर समझ होखे के चाहीं।

सब्जेक्ट्स :

  • ई वैकेंसी जीके आ जीएस के फैकल्टी के पोस्ट पs बा।

एजुकेशल क्वालिफिकेशन :

  • एह पोस्ट पs अप्लाय करे खातिर कैंडिडेट के ग्रेजुएट भा पोस्ट ग्रेजुएट होखे के चाहीं।

एक्सपीरियंस :

  • कैंडिडेट्स के लगे ऑनलाइन भा ऑफलाइन टीचिंग में दु से जादे सालन के एक्सपीरियंस होखे के चाहीं।

सैलरी स्ट्रक्चर :

अलग-अलग सेक्‍टर्स के जॉब सैलरी बतावे वाली वेबसाइट Glassdoor के मोताबिक, Adda247 में फैकल्टी के सालाना एवरेज सैलरी 6 लाख रुपिया तक हो सकत बा।

जरूरी स्किल्स :

  • कैंडिडेट के बाईलिंगुअल होखे के चाहीं।
  • बढ़िया यूट्यूब प्रजेंस होखे के चाहीं।
  • ऑनलाइन टीचिंग के एक्सपीरियंस होखे के चाहीं।
  • लेटेस्ट सिलेबस पैटर्न से फैमिलियर होखे के चाहीं।
  • पॉवर पॉइंट आ एक्सेल के नॉलेज होखे के चाहीं।

जॉब लोकेशन :

एह पोस्ट के जॉब लोकेशन गुरुग्राम, हरियाणा बा।

अइसे करे के बा अप्लाय :

कैंडिडेट faculty@adda247.com पs आपन अपडेटेड CV मेल कs के एह पोस्ट खातिर अप्लाय कs सकत बा।

कंपनी के बारे में :

  • Adda247 भारत के सबसे बड़ वर्नाक्युलर लर्निंग प्लेटफॉर्म हs। ई गूगल, वेस्टब्रिज कैपिटल आ इन्फोएज जइसन प्रमुख निवेशकन से बैक्ड बा। ई 12 से जादे भारतीय भाषा में सरकारी नौकरी परीक्षा जइसे- UPSC, IIT-JEE, NEET आ TET आदि परीक्षा खातिर ऑनलाइन कोर्स प्रदान करेला। साल 2016 में अनिल नागर आ सौरभ बंसल एकर सुररुआत कइले रहे लो।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]