CBSE Board Exams 2025 सुरू, 44 लाख स्टूडेंट्स होई लोग सामिल, पढ़ीं एग्जाम से जुड़ल बड़ अपडेट

CBSE Board Exams 2025 सुरू, 44 लाख स्टूडेंट्स होई लोग सामिल, पढ़ीं एग्जाम से जुड़ल बड़ अपडेट

Share

नई दिल्ली। सीबीएसई बोर्ड के ओर से 10वीं आ 12वीं के परीक्षाएं आज, 15 फरवरी, 2025 से सुरू हो गइल बा। परीक्षा में करीब 44 लाख स्टूडेंट्स सामिल होखे जा रहल बा लो। परीक्षा खातिर पूरा देस भर में 7,842 एग्जाम सेंटर बनावल गइल बा। संगही, पहिला दिन, दसवां कक्षा में इंग्लिश (कम्युनिकेटिव), इंग्लिश (लैंग्वेज एंड लिटरेचर) के पेपर होई। ओहिजा, बारहवीं कक्षा में परीक्षा के सुरुआत एंटरप्रेन्योरशिप सब्जेक्ट से होई। आईं जानल जाव एग्जाम से जुड़ल आउर बड़ अपडेट…

  • सीबीएसई बोर्ड के ओर से दसवीं परीक्षा में कुल 24,12,072 छात्र-छात्रा एगो रिपोर्ट के अनुसार 84 विषयन में परीक्षा दी लो। कक्षा 12 में करीब 17,88,165 स्टूडेंट्स 120 विषयों में परीक्षा दी लो।
  • सीबीएसई बोर्ड परीक्षा 2025 एक शिफ्ट में आयोजित कइल जाई, जवन कि सबेरे 10:30 बजे से सुरू होके दुपहरिया 1:30 बजे के बीच तक कंडक्ट करावल जाई।
  • सीबीएसई बोर्ड परीक्षा में स्टूडेंट्स के सबेरे 10 बजे के बाद परीक्षा केंद्रन में प्रवेश करे के अनुमति ना दिहल जाई। संगही, परीक्षा समाप्त होखला के बाद दुपहरिया 1:30 बजे से पहिले बाहर जाये के अनुमति ना दिहल जाई।
  • रेग्यूलर छात्र- छात्रा के एग्जाम सेंटर पs आपन प्रवेश पत्र के संगे अपना स्कूल आईडी कार्ड लेके आवे के होई, जबकि प्राइवेट छात्रन के अपना प्रवेश पत्र के संगे-संगे सरकार द्वारा जारी कवनो फोटो पहचान प्रमाण लेके आवे के होई।
  • नियमित छात्रन के स्कूल यूनिफाॅर्म एंट्री दिहल जाई, जबकि प्राइवेट छात्र- छात्रन के हलुका कपड़ा पहिनके एग्जाम में पहुंचे के होई।
  • सीबीएसई बोर्ड के ओर से निरदेस दिहल गइल बा कि, परीक्षा में डायबिटीज स्टूडेंट्स के छोड़के आउर कवनो परीक्षार्थियन के खाये-पीये के चीज (बंद भा खुलल) ले आवे के अनुमति ना होई।
  • बोर्ड इहो निरदेस दिहल गइल बा कि, स्टूडेंट्स अफवाहन से दूर रहे लो। जदि, कवनो परीक्षार्थी एमे सामिल पावल जाला तs ओकरा पs कार्रवाई कइल जाई। एहिसे परीक्षार्थी एह बातन के ध्यान रखे लो।

CBSE Board Exam 2025: सीबीएसई बोर्ड एग्जाम सेंटर पs बैन बा ई चीज

सीबीएसई बोर्ड एग्जाम में परीक्षा केंद्रन के अंदर मोबाइल फोन, ब्लूटूथ डिवाइस, ईयरफोन, माइक्रोफोन, स्मार्टवॉच, वॉलेट, चश्मा, हैंडबैग आ आउर कम्युनिकेशन डिवाइस के सेंटर पs ले आवे के अनुमति ना होई। एग्जाम से जुड़ल जादा जानकारी खातिर परीक्षार्थियन के वेबसाइट पs विजिट करे के होई।

Read Also: Basti News: तेज रफ्तार कार ट्रैक्टर-ट्रॉली से टकराइल, चार के मौत

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-