Basti News: तेज रफ्तार कार ट्रैक्टर-ट्रॉली से टकराइल, चार के मौत

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 15, 2025

बस्ती : उत्तर प्रदेश के बस्ती जिला में सुक रात एगो बड़ सड़क हादसा भइल, जेमे दुगो सगा भाइयन सहित चार जुवकन के मौत हो गइल। ई हादसा परसा परशुरामपुर मार्ग पs भइल, जब टेंट

Share

Basti News: तेज रफ्तार कार ट्रैक्टर-ट्रॉली से टकराइल, चार के मौत

बस्ती : उत्तर प्रदेश के बस्ती जिला में सुक रात एगो बड़ सड़क हादसा भइल, जेमे दुगो सगा भाइयन सहित चार जुवकन के मौत हो गइल। ई हादसा परसा परशुरामपुर मार्ग पs भइल, जब टेंट के सामान लेके जा रहल ट्रैक्टर-ट्रॉली में एगो तेज रफ्तार कार पीछे से टकरा गइल।

हादसा में कार सवार चारो मवके पs दम तुड़ दिहल। मृतकन में रोहित (27) निवासी शेरपुर, पवन (24) निवासी गोंडा, मोनू (22) आ सोमनाथ (24) निवासी बभनान सामिल बा लोग। सब लोग एगो बियाह समारोह से लवटत रहे लो।

सूचना मिलला के बाद एसपी अभिनंदन आ सीओ संजय सिंह सहित पुलिस अधिकारी घटनास्थल पs पहुंचल लो। पुलिस शवन के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस आ ममिला के जांच सुरू कs देले बिया। ई हादसा पूरा तरे से परिवार खातिर दुखद बा, काहेकि एह जुवकन के मौत से उनका परिवारन में मातम पसरल बा।

Read Also: प्रयागराज में भीषण सड़क हादसा, बस आ बोलेरो के टक्कर, 10 लोगन के मउत, 19 गो लोग घायल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.