Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

CAT 2022 Result: कैट परीक्षा के रिजल्ट जारी, 11 छात्रन के मिलल 100 परसेंटाइल, इहां देखीं स्कोर

881

CAT Result 2022: इंडियन इंस्टीट्यूट ऑफ मैनेजमेंट (IIM) कैट 2022 (CAT 2022) परीक्षा के परिणाम के घोषणा कs देले बा। जवन उम्मीदवार कॉमन एडमिशन टेस्ट खातिर उपस्थित भइल बा, ऊ आईआईएम कैट के आधिकारिक साइट iimcat.ac.in पs रिजल्ट चेक कs सकत बा।

इहां देखीं टॉपर्स (CAT scores in percentile)

एह साल 11 स्टूडेंट्स के 100 परसेंटाइल (CAT 2022 scores this year) मिलल बा। एह लिस्ट में एको लईकी नइखे लोग। एमे 2-2 अभ्यर्थी दिल्ली, महाराष्ट्र, तेलंगाना के बावे लोग आ एक-एक अभ्यर्थी गुजरात, हरियाणा, केरल, एमपी आ यूपी से सामिल बा लोग। 22 अभ्यर्थियन के 99.99 परसेंटाइल बा। एमे 21 लईका आउर एगो लईकी बा लोग। एह साल 90 नॉन आईआईएम संस्थान अपना मैनेजमेंट कोर्सेज में दाखिला कैट 2022 के स्कोर से दी।

IIM CAT Result 2022: अइसे डाउनलोड करी स्कोरकार्ड

  • आधिकारिक वेबसाइट – iimcat.ac.in पs जाई।
  • लॉगिन बटन पर क्लिक करी।
  • डिटेल्स दर्ज करें।
  • रिजल्ट एक्सेस करे खातिर सबमिट पs क्लिक करी।

कैट 2022 के परीक्षा 27 नवंबर 2022 के देसभर के अलग-अलग परीक्षा केंद्रन पs आयोजित कइल गइल रहे। उम्मीदवार अब कैट 2022 वेबसाइट पs लॉग इन कsके आपन आधिकारिक कैट 2022 स्कोरकार्ड डाउनलोड कs सकत बा लोग।

इहां देखीं सिलेक्शन प्रोसेस

चयन के अगिला स्तर खातिर चुनल गइल उम्मीदवारन के सूची संबंधित आईआईएम के वेबसाइट पs उपलब्ध करावल जाई। हर आईआईएम शॉर्टलिस्ट कइल गइल उम्मीदवारन के सीधे साक्षात्कार पत्र भेजी। शॉर्टलिस्टिंग के मानदंड अलग-अलग आईआईएम में अलग-अलग बा।

417920cookie-checkCAT 2022 Result: कैट परीक्षा के रिजल्ट जारी, 11 छात्रन के मिलल 100 परसेंटाइल, इहां देखीं स्कोर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.