[the_ad_group id="30365"]

DU आज जारी करी पीजी खातिर चउथा प्रवेश लिस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

DU PG Admission 2022: दिल्ली विश्वविद्यालय (DU) अलग-अलग कॉलेजन में पीजी (PG) पाठ्यक्रमन में प्रवेश खातिर आज, 21 दिसंबर के डीयू पीजी चउथा प्रवेश लिस्ट 2022 जारी करी। जे आवेदक डीयू पीजी प्रवेश 2022 खातिर आवेदन कइले बा, ऊ आधिकारिक वेबसाइट – entry.uod.ac.in पs लिस्ट कs सकी लोग।

DU PG Admission 2022 Schedule

डीयू द्वारा जारी शेड्यूल के मोताबिक, छात्र चउथा भा स्पॉट एडमिशन राउंड खातिर 22 दिसंबर (सबेरे 10 बजे) से 23 दिसंबर (रात 11:59 बजे) के बीच ऑनलाइन आवेदन कs सकत बा लोग। डिपार्टमेंट आ कॉलेज 22 दिसंबर (सबेरे 10 बजे) से 24 दिसंबर (सांझ 5 बजे) तक डीयू पीजी चौथी/स्पॉट एडमिशन लिस्ट खातिर आवेदन करे वाला छात्रन के एडमिशन वेरिफाई आ अप्रूव करी। ओहिजा चउथा लिस्ट के तहत छात्र 25 दिसंबर (रात 11:59 बजे) तक आवेदन शुल्क के भुगतान कs सकी लोग।

डीयू 12 दिसंबर के तीसरका पीजी प्रवेश लिस्ट जारी कइले रहे। डीयू पीजी प्रवेश लिस्ट 2022 डीयूईटी के अंकन के आधार पs तइयार कइल जाई। दिल्ली विश्वविद्यालय (DU) डीयू पीजी प्रवेश पोर्टल पs पीजी कोर्सेज खातिर डीयू पीजी स्पॉट प्रवेश लिस्ट शड्यूल जारी कइलें बा।

DU PG Admission 2022: अइसे कइल जा सकी आवेदन

  • दिल्ली यूनिवर्सिटी के आधिकारिक वेबसाइट du.ac.in पs जाई।
  • पीजी एडमिशन पेज पs जाई।
  • “PG Admission List” लिंक पs क्लिक करी।
  • डीयू पीजी प्रवेश लिस्ट अब स्क्रीन पs लउकी।
  • उम्मीदवार के नाम, रोल नंबर, अंक आ ड्यूएट में रैंक के संगे एगो पीडीएफ फाइल जारी कइल जाई।
  • भविष्य के संदर्भ खातिर डीयू पीजी प्रवेश लिस्ट डाउनलोड करी आ प्रिंट करी।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]